Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

डीडीयू: छात्रसंघ बहाली के लेके कुलपति के आश्वासन के बाद अनशन खत्म, शासन के पत्र भेजी विश्विद्यालय

31

गोरखपुर। दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में छात्रसंघ बहाली के मांग के लेके चल रहल छात्रन के अनशन सोमार के कुलपति प्रो. पूनम टंडन के आश्वासन के बाद समाप्त हो गइल। ऊ ओह लोगन के मांग पत्र के शासन के भेजे के आश्वासन देली। अनशन पs बइठल छात्र नेता लोगन के जूस पिलाके कुलपति अनशन समाप्त करवली। एकरा पहिले दिन में सपा आ कांग्रेस के पदाधिकारी पहुंचके आपन समर्थन देले रहे लो।

छात्रसंघ बहाली के लेके छात्र नेता पिछला सोमार के प्रशासनिक भवन के पूर्वी गेट पs धरना सुरू कइले रहे लो। तीन दिन बाद ओह लोगन के धरना अनशन में तब्दील हो गइल। अनशन पs बइठल छात्र नेता लोगन के बीतल दु-तीन दिनन से लगातार तबीयत खराब होत रहे। छात्रनेता सतीश प्रजापति, सत्यम गोस्वामी, जतिन मिश्रा आ प्रतीक तिवारी के जिला अस्पताल में भर्ती कराके इलाज करावल गइल, बाकिर, ओह लोगन के अनशन जारी रहल।

सोमार के सबेरेही से अनशन स्थल पs राजनीतिक दलन के आवल-जाइल लागल रही। समाजवादी पार्टी के जिलाध्यक्ष बृजेश कुमार गौतम, महानगर अध्यक्ष शब्बीर कुरैशी, पूर्व विधायक विजय बहादुर यादव, जिलाध्यक्ष युवजन सभा राहुल यादव, जिला महासचिव रामनाथ यादव, पूर्व जिला महासचिव अखिलेश यादव, डीडीयू के पूर्व छात्र संघ अध्यक्ष राजीव पांडेय, सछास के पूर्व महानगर महासचिव गौरव वर्मा, कांग्रेस जिलाध्यक्ष निर्मला पासवान पहुंचके आपन समर्थन दिहल लो।

एह बीच सोमार के सांझ के कुलपति प्रो. पूनम टंडन अनशन स्थल पs पहुंचली। ऊ छात्रसंघ बहाली के लेके उनकर मांग पत्र के शासन के भेजे के आश्वासन देली। एकरा बाद अनशनरत छात्रनेता अनशन समाप्त करे पs राजी हो गइल को। कुलपति जूस पिलाके उनकर अनशन समाप्त करावल लो। छात्रनेता प्रतीक तिवारी एकरा के छात्रन के जीत बतवले बाड़ें।

978690cookie-checkडीडीयू: छात्रसंघ बहाली के लेके कुलपति के आश्वासन के बाद अनशन खत्म, शासन के पत्र भेजी विश्विद्यालय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.