[the_ad_group id="30365"]

नोएडा में लागू धारा 144, अगिला 24 घंटा खातीर कुल बॉर्डर भइल सील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश आ दिल्ली के सीमा पs स्थित नोएडा में पुलिस धारा 144 लगा दिहले बिया। एकरा संगे जिला के सभ सीमा प भी अगिला 24 घंटा ले सील कs दिहल गईल बा। डीआईजी अवुरी अपर सीपी शिवहरी मीना बतवले कि सभ सीमा पs पूरा पुलिस बल तैनात बा। एकरा संगे एह बात के भी ध्यान राखल जा रहल बा कि आम जनता के कवनो प्रकार के समस्या के सामना ना करे के पड़े।

सगरी गाड़ियन के जाँच कइल जा रहल बा

उs कहले कि किसान नेता से भी बातचीत हो रहल बा। एकरा संगे सभ गाड़ी के जांच कईल जाता। एकरा संगे उs कहले कि गुरुवार खाती आयुक्तालय के ओर से जिला में धारा 144 भी लगावल गईल बा। एकरा तहत पुलिस बिना अनुमति के चाहे शांति भंग के डर के कहीं भी भीड़ जुटला के स्थिति में कार्रवाई कs सकता।

बता दीं कि आजु यूनाइटेड किसान मोर्चा के नेतृत्व में किसान आपन समस्या के लेके दिल्ली के मार्च करीहे। अइसना में गोलचक्कर चौक सेक्टर-15 से सेक्टर-06 चौकी चौक आ संदीप पेपर मिल चौक से हरोला चौक जाए वाला रास्ता पs यातायात के आवाजाही पूरा तरीका से रोक दिहल गइल बा। मानल जाता कि दुपहरिया के करीब 12 बजे से महामाया फ्लाईओवर के नजदीक किसान जुटल शुरू कs दिहे।

कई सड़कन पs ट्रैफिक डायवर्ट भइल

कवनो प्रकार के अराजकता से बचे खातीर महामाया फ्लाईओवर से डीएनडी सीमा के चिल्ला तक कई थाना के पुलिस के तैनात कईल गईल बा। विरोध प्रदर्शन के देखत गोलचक्कर चौक सैक्टर-15, रजनीगंधा चौक, सैक्टर-06 चौकी चौक, झुण्डपुरा चौक, सैक्टर-8/10/11/12 चौक, हरौला चौक से यातायात के जरूरत के मुताबिक मोड़ दिहल जाई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]