Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

DRDO: प्रसिद्ध मिसाइल वैज्ञानिक राम नारायण अग्रवाल के निधन, अग्नि मिसाइलन के जनक के रूप में मिलल रहे पहचान

591
Google Ads 300*250 for posts

प्रख्यात मिसाइल वैज्ञानिक डॉक्टर राम नारायण अग्रवाल के 84 बरिस के उमिर के आयु में निधन हो गइल बा। उनका के अग्नि मिसाइलन के जनक के रूप में जानल जाला। रक्षा अनुसंधान आ विकास संगठन (डीआरडीओ) बतवलस कि वैज्ञानिक राम नारायण अग्रवाल के निधन हैदराबाद में भइल।

राम नारायण अग्रवाल के ‘अग्नि मैन’ के नाम से जानल जात रहे

डॉक्टर राम नारायण अग्रवाल देस में लमहर दूरी के बैलिस्टिक मिसाइल कार्यक्रम में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहस। ऊ अग्नि मिसाइलन के पहिला कार्यक्रम निदेशक रहस। एह वजह से ऊ ‘अग्नि मैन’ के रूप में जानल जाले। अग्नि, इंटरकॉन्टिनेंटल बैलिस्टिक मिसाइल (आईसीबीएम) कार्यक्रम भारत के अमेरिका, रूस, चीन, फ्रांस, ब्रिटेन, इस्राइल आ उत्तर कोरिया जइसन देसन के समूह में सामिल कs देले रहे। साल 1989 के मई महीना में कार्यक्रम निदेशक के रूप में डॉक्टर अग्रवाल आ उनकर टीम अग्नि मिसाइल के सफलतापूर्वक उड़ान परीक्षण कइले रहे। ई मध्यम दूरी के बैलिस्टिक मिसाइल रहे, जवना के ओडिशा तट से दूर बालासोर के परीक्षण रेंज से प्रक्षेपित कइल गइल रहे। साल 1983 से साल 2005 तक डॉक्टर अग्रवाल अग्नि मिशन के कार्यक्रम निदेशक के रूप में काम कइलें। एकरा बाद ऊ एडवांस्ड सिस्टम्स लेबोरेटरी (एएसएल) के निदेशक के रूप में सेवानिवृत्त भइलें।

डीआरडीओ के वैज्ञानिक लोग शोक जतावल 

डीआरडीओ के वरिष्ठ, वर्तमान आ पूर्व वैज्ञानिक डॉक्टर अग्रवाल के निधन पs शोक व्यक्त कइल लो। पूर्व डीआरडीओ प्रमुख आ मिसाइल वैज्ञानिक डॉक्टर जी सतीश रेड्डी कहलें कि देस एगो महान व्यक्तित्व खो देले बा। ऊ कहलें कि डॉक्टर अग्रवाल देस में लमहर दूरी के मिसाइलन के निर्माण में महत्वपूर्ण भूमिका निभवलें।

930950cookie-checkDRDO: प्रसिद्ध मिसाइल वैज्ञानिक राम नारायण अग्रवाल के निधन, अग्नि मिसाइलन के जनक के रूप में मिलल रहे पहचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.