कोलकाता रेप-मर्डर केस: 17 अगस्त के पूरा देश में ठप रहीं चिकित्सा सेवा, IMA बुलवलस हड़ताल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2024

    कोलकाता में एगो प्रशिक्षु डॉक्टर के बलात्कार अवुरी हत्या के बाद भईल घटनाक्रम से नाराज डॉक्टर देश के अलग-अलग राज्य में हड़ताल के माध्यम से आपन नाराजगी जतवले बाड़े। एही क्रम में इंडियन

Share

 

 

कोलकाता में एगो प्रशिक्षु डॉक्टर के बलात्कार अवुरी हत्या के बाद भईल घटनाक्रम से नाराज डॉक्टर देश के अलग-अलग राज्य में हड़ताल के माध्यम से आपन नाराजगी जतवले बाड़े। एही क्रम में इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (आईएमए) 17 अगस्त के देश भर में हड़ताल करे के आह्वान कईले बा। संघ के ओर से जारी विज्ञप्ति के मुताबिक, सरकारी अवुरी निजी अस्पताल एs देशव्यापी हड़ताल के हिस्सा होईहे अवुरी 17 अगस्त के सबेरे 6 बजे से 18 अगस्त के सबेरे 6 बजे ले हड़ताल जारी रही।  अस्पताल के सुरक्षित क्षेत्र घोषित करे के संगे आईएमए सरकार से केंद्रीय संरक्षण कानून के तुरंत लागू करे के मांग कईले बिया।

मरीजन के समस्या बढ़ गइल

डाक्टरन के हड़ताल के असर सोलह अगस्त से देखल जा रहल बा. पटना के नालंदा मेडिकल कॉलेज अस्पताल में डॉक्टर के अनिश्चितकालीन हड़ताल के चलते मरीज के समस्या में काफी बढ़ोतरी भईल बा। नालंदा मेडिकल कॉलेज में छोट बच्चा के भी इलाज नईखे होखत।

सुरक्षा सुनिश्चित करे के जिम्मेदारी अधिकारी के

आईएमए कहलस कि बुध के रात आरजी कर मेडिकल कॉलेज में विरोध करेवाला डॉक्टर पs भईल हमला बेहद दुर्भाग्यपूर्ण अवुरी निंदा करे लायक बा। आईएमए के अपना डाक्टरन के न्यायसंगत काज खातिर राष्ट्र के सहानुभूति के जरूरत बा. हमनी के बस डॉक्टर के सुरक्षा चाही। कहल गईल कि, “चिकित्सक खास तौर पs महिला अपना पेशे के प्रकृति के चलते हिंसा के शिकार होखेले। अस्पताल अवुरी परिसर के भीतर डॉक्टर के सुरक्षा सुनिश्चित कईल अधिकारी के जिम्मेदारी बा।” कोलकाता के अस्पताल में भईल बर्बरता के भी निंदा आईएमए कईले बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.