[the_ad_group id="30365"]

Exclusive : हमार संकल्प महिला के सशक्त बनावल बा, हमार मकसद महिला नेतृत्व में प्रगति कइल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम मोदी कहले कि हम भारत के लगभग सभ राज्य के दौरा कइले बानी, आ हम कह सकतानी कि पूरा देश में भारतीय जनता पार्टी आ एनडीए के 400 से आगे ले जाए के मजबूत संकल्प बा।

लोकसभा चुनाव (2024) से पहिले बिहार के राजधानी पटना में रोड शो के दौरान पीएम मोदी कहले कि महिला के सशक्त बनावल हमनी के प्राथमिकता बा। हमनी के महिला खातीर बहुत योजना बनवले बानी। विकास के नेतृत्व महिला के करे के होई। प्रधानमंत्री कहले कि हम जी-20 शिखर सम्मेलन में महिला नेतृत्व बढ़ावे के भी संकल्प लेले बानी। पारंपरिक चीजन से शुरू होके हर जगहा मेहरारूवन के जगह दिहल गइल बा । प्रधानमंत्री जी कहले कि हम गांव में ड्रोन दीदी बनवनी। हम महिला खातिर सेना के दरवाजा खोल देनी। हम आपन बेटी लोग के भी सीमा प भेज देनी। सियाचीन में भी हमार बेटी देश के रक्षा कर रहल बिया।

देश के माहौल बिहार के उहे बा : प्रधानमंत्री

हम भारत के लगभग सभ राज्य के दौरा कइले बानी, आ हम कह सकतानी कि पूरा देश में भारतीय जनता पार्टी आ एनडीए के 400 से आगे ले जाए के मजबूत संकल्प बा। बिहार भी एकरा में बहुत नया रंग जोड़ले बा। बिहार एकरा के एगो नया ताकत देले बा आ ए तरीका से पूरा देश के माहौल बिहार के उहे माहौल बा।

पिछला चुनाव से बेहतर रिजल्ट पूर्वी भारत से मिली

प्रधानमंत्री कहले कि राजनीति के अलावे जदी हम कहतानी त 2013 के हमार भाषण, जब हम पीएम पद के उम्मीदवार तक ना रहनी, कि भारत के विकास होखे के बा त पूर्वी भारत के विकास होखे के चाही, पूर्वी भारत बने के चाही एगो बढ़न्ती के इंजन ह। पिछला 10 साल में पूर्वी भारत में बुनियादी ढांचा, शिक्षा, स्वास्थ्य जईसन परियोजना प लगातार जोर दिहल जाता। बाकी जहां तक चुनाव के सवाल बा त उत्तर-दक्षिण आ पूर्व-पश्चिम के जबरदस्त तूफान बहुत दूर बा।

अबकी बेर नतीजा पहिले से जादे होई आ हमरा विश्वास बा कि इ देश के जनता खातीर चौंकावे वाला होई। तेलंगाना के रउरा सोच ना सकीं कि ओहिजा से हमनी के उहे रिजल्ट मिली, आंध्र में भी ओइसने रिजल्ट मिली, ओडिशा में भी ओइसने रिजल्ट मिली, पश्चिम बंगाल में भी ओइसने रिजल्ट मिली, चाहे बिहार होखे, झारझंड भा असम, हम देख पावत बानी कि भारतीय जनता पार्टी में जवन चाहीं ऊ बा, हँ, ओकरा में बहुते नया क्षेत्र जोड़ल जाई ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]