[the_ad_group id="30365"]

बिहार में बिजली गिरला से 11 के मौत: MP-छत्तीसगढ़ में आज बरखा के अलर्ट, यूपी में गरमी से राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के कइयन राज्यन में आंधी बरखा आ बिजली गिरला के दौर जारी बा। बिहार में पिछला 24 घंटा में बिजली गिरला से 11 लोगन के मौत हो गइल। मौसम विभाग कहलस कि इहां आज 40-50 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चली।

एने उत्तर प्रदेश में मौसम करवट ले चुकल बा। सनीचर के सबेरही से प्रदेश के पूर्वी आ पश्चिमी दुनो हिस्सन में धूल भरल तेज झोंकेदार हवा के संगे कही हलका तs मध्यम बरखा देखे के मिलल। सनीचर के तरे आजो मौसम विभाग  कइयन जिलन खातिर आंधी-बरखा के अलर्ट जारी कइले बा।

मौसम विभाग आंध्र प्रदेश, तेलंगाना, ओडिशा, तमिलनाडु, पुडुचेरी, केरल आ कर्नाटक में तेज बरखा के संभावना जतवले बा। ओहिजा, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़ आ महाराष्ट्र में बरखा आ ओला गिरे के अलर्ट जारी कइले बा।

एकरा अलावे झारखंड, पश्चिम बंगाल, बिहार, गुजरात, केरल, कर्नाटक, सिक्किम, अरुणाचल प्रदेश, असम, मेघालय, नगालैंड, मणिपुर, मिजोरम आ त्रिपुरा में हल्का बरखा होई। इहां धूलभरल आंधियों चली।

ओने, देस के कुछ राज्यन में गरमी के असर अभियो बरकरार बा। राजस्थान, ओडिशा, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, गुजरात, तेलंगाना में तापमान 40 से 43 डिग्री के बीच रिकॉर्ड कइल जा रहल बा। महाराष्ट्र के सोलापुर में सनीचर के सबसे जादे 43.5 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]