[the_ad_group id="30365"]

जात-जात 2 लोगन के आंख के नया रोशनी दे गईले पूर्व CM

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री बुद्धदेव भट्टाचार्य के कॉर्निया के 2 लोग में सफलतापूर्वक प्रतिरोपित कईल गईल बा। एह तरह से एह दुनु मरीजन के फेर से रोशनी मिल जाई. बियफे के दिने एह बारे में जानकारी देत ​​एगो वरिष्ठ डाक्टर बतवले कि जवना दुनु जने में कार्निया प्रत्यारोपित भइल बा ओहमें से एगो मरद आ दोसरका मेहरारू बाड़े. दुनु जने के कॉर्निया के समस्या रहे। क्षेत्रीय नेत्र विज्ञान संस्थान के निदेशक डॉ असीम कुमार घोष बतवले कि बियफ़ें के रात भईल सर्जरी सफल भईल अवुरी अब दुनो मरीज ठीक हो गईल बाड़े।

डॉक्टर भट्टाचार्य के एs फैसला के तारीफ करत एकरा के प्रेरणादायक काम बतवले। भारतीय मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी (CPM) के नेता बुद्धदेव भट्टाचार्य के बियफ़ें के 80 साल के उमर में कोलकाता में अपना आवास पs निधन हो गईल। उनुका के आखिरी विदाई देवे खातीर शुक के सैकड़ों लोग सीपीएम के राज्य मुख्यालय पहुंचल रहले। भट्टाचार्य के साम्यवादी विचारधारा के प्रति प्रतिबद्धता आ राज्य के औद्योगीकरण के व्यावहारिक दृष्टिकोण खातिर याद कइल जाई. शोक संतप्त लोग में से कुछ लोग भट्टाचार्य के लोर भरल आँख से श्रद्धांजलि दिहल तs कई लोग मुट्ठी बांधके के लाल सलामी के माध्यम से भट्टाचार्य के श्रद्धांजलि दिहल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]