[the_ad_group id="30365"]

जम्मू-कश्मीर के अक्टूबर से पहिले मिल सकऽता पूर्ण राज्य के दर्जा’, केंद्रीय मंत्री रामदास अठावले कइले भविष्यवाणी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय मंत्री रामदास अठावले कहले कि अक्टूबर से पहिले जम्मू-कश्मीर के पूरा राज्य मिल सकऽता। उऽ कहले कि ए साल अक्टूबर में विधानसभा चुनावो हो सकऽता। केंद्रीय मंत्री कहले कि लोकसभा चुनाव में 60 प्रतिशत मतदान भइल, जवन कि पछिला 35 साल में सबसे जादा मतदान बा, उम्मेद बा कि भविष्य में हमनी के इहाँ 90 प्रतिशत मतदान देखाई दिही।

केंद्रीय सामाजिक न्याय आ सशक्तिकरण राज्य मंत्री रामदास अठावले गुरुवार के उम्मीद जतवले कि ए साल अक्टूबर में इहाँ विधानसभा चुनाव हो सकऽता। अक्टूबर से पहिले जम्मू-कश्मीर के राज्य देवे के घोषणा हो सकऽता।

अठावले कहले कि हालही में भइल लोकसभा चुनाव में जम्मू-कश्मीर में करीब 60 प्रतिशत मतदान भइल, जवन कि पछिला 35 साल में सबसे जादा मतदान बा। एहसे हमरा उम्मीद बा कि निकट भविष्य में हमनी के इहाँ होखे वाला विधानसभा चुनाव में 90 प्रतिशत तक मतदान देखाई दिही।

जम्मू-कश्मीर के दौरा पs आइल अठावले श्रीनगर में पत्रकारन से बतियावत कहले कि अनुच्छेद 370 आ 35A के निरस्त होखला के बाद जम्मू-कश्मीर के हालात में भारी बदलाव आइल बा। आतंकी हिंसा इहाँ लगभग खतम हो चुकल बा।

सुशासन आ विकास के चल रहल बा दौर

भारत आ विदेश से जम्मू कश्मीर में पूंजी निवेश बढ़ रहल बा। इहाँ औद्योगीकरण के एगो नया चरण शुरू हो गइल बा। इहाँ सुशासन आ विकास के दौर चलत बा।

आजादी आ अलगाववाद के नारा हमेशा खातिर छोड़ दिहल गइल बा। इहाँ सुरक्षा आ विश्वास के माहौल बा आ एकर असर जीवन के हर क्षेत्र में महसूस कइल जा सकेला।

जम्मू-कश्मीर में विधानसभा चुनाव अउरी राज्य के बहाल करे के सवाल पs उऽ कहले कि चुनाव आयोग अबही कश्मीर में बा। उऽ इहाँ खाली चुनाव के सिलसिला में आइल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]