भारतीय महिला टीम मैच जीतल, बाकिर सीरीज गंववलस : तीसरका टी-20 में इंग्लैंड के पांच विकेट से हरवलस, स्मृति मंधाना बनवली 48 रन

Share

भारतीय महिला टीम टी-20 सीरीज के आखिरी मुकाबला में इंग्लैंड के पांच विकेट से हरवलस। टीम इंग्लैंड पर लगातार 4 हार के बाद जीत हासिल कइले बिया। भारतीय टीम के इंग्लैंड पs आखिरी जीत 13 सितंबर 2022 के मिलल रहे।

एह जीत से टीम इंडिया तीन मैचन के सीरीज में हार के अंतर के कम कs लेलस। इंग्लिश टीम सीरीज के सुरुआती दुनो मुकाबला जीतत 2-0 के बढ़त लेले रहे, बाकिर आखिरी मुकाबला जीतके भारत स्कोर 2-1 कs देलस।

मुंबई के वानखेड़े मैदान पs इंग्लैंड टॉस जीतलस आ पहिले  बल्लेबाजी करत 20 ओवर में सब विकेट खोके 126 रन बनवलस। 127 रन के टारगेट टीम इंडिया पांच विकेट खोके हासिल कs लेलस। श्रेयंका पाटिल प्लेयर ऑफ द मैच रहली। ऊ अपना कोटा के चार ओवर में 19 रन देके तीन विकेट लेलें।

स्मृति मंघाना खेलली 48 रन के पारी

भारतीय ओपनर स्मृति मंधाना 48 रन के सानदार पारी खेलली। ऊ 11 रन पs शेफाली वर्मा के आउट होखला के बाद पारी के आगे बढ़वली आ स्कोर के 100 रन के पार पहुंचा देली। मिडिल ऑर्डर में जेमिमा रोड्रिगेज 29 रन के जोगदान देली।

इंग्लिश टीम कावर से फ्रेया केम्प आ सोफी एक्लेस्टन 2-2 विकेट लिहल लो। एक विकेट चार्लोट डीन के मिलल।

हीथर नाइट के फिफ्टी

टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल इंग्लिश कप्तान हीथर नाइट ने टी-20 करियर के 5वां अर्धशतक जमवली। ऊ 42 बॉल पs 123.80 के स्ट्राइक रेट से 52 रन बनवली। हीथर के पारी में तीन गो चउका आ तीन गो छक्का सामिल रहे। हीथर के अलावे, एमी जॉन्स 25 रन के जोगदान देली।

साइका इशाक आ श्रेयंका पाटिल झटकल लो 3-3 विकेट

भारतीय गेंदबाज साइका इशाक आ श्रेयंका पाटिल सानदार गेंदबाजी कइल लो। दुनो खिलाड़ी मिलके छव गो इंग्लिश बैटर्स के पवेलियन के राह देखावल लो। दुनो के एक समान 3-3 विकेट मिलल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-