दिव्या के भइलें क्रिकेटर मुकेश कुमार, गोरखपुर में भइल बियाह

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 29, 2023

गोरखपुर के होटल में भारतीय क्रिकेटर मुकेश कुमार मंगर के बियाह के बंधन में बंध गइलें। ऊ छपरा के बनियापुर बेरुई गांव के रहे वाली दिव्या के संगे सात फेरा लेलें। मुकेश गोपालगंज के सदर

Share

गोरखपुर के होटल में भारतीय क्रिकेटर मुकेश कुमार मंगर के बियाह के बंधन में बंध गइलें। ऊ छपरा के बनियापुर बेरुई गांव के रहे वाली दिव्या के संगे सात फेरा लेलें।

मुकेश गोपालगंज के सदर प्रखंड के काकड़ कुंड गांव के रहनिहार हवे। एकरा पहिले सोमार के गोरखपुर के एगो होटल में हल्दी के रस्म पूरा भइल। ओहिजा 4 दिसंबर के उनका पैतृक गांव काकड़ कुंड में बहू भोज के आयोजन कइल गइल ना।

बता दीं कि भारतीय क्रिकेटर एह दिनन आस्ट्रेलिया के संगे हो रहल सीरीज में टीम में सामिल बाड़ें। सुरुआती मैचन में खेलला के बाद ऊ विताह खातिर छुट्टी पs बाड़ें। भारत खातिर मुकेश अब ले एक टेस्ट में दु विकेट, तीन वनडे में चार विकेट आ सात टी-20 में चार विकेट हासिल बाड़ें। ओहिजा, 10 आईपीएल मैच में सात विकेट हासिल कइले बाड़ें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.