[the_ad_group id="30365"]

ENG vs PAK 3rd T20I: बारिश से धोआइल तीसरका टी20 मैच, ना हो सकल टॉस; पाकिस्तान के लगे अब बचल खाली एगो आखिरी चांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ENG vs PAK 3rd T20I: इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के बीच चार मैचन के सीरीज खेलल जा रहल बा। पहिला मैच बारिश से प्रभावित रहल। एकरा बाद दूसरका टी20 मैच में इंग्लैंड पाकिस्तान के 23 रन से हरवले रहे। ओहिजा तीसरा टी20 मैचो बरखा के भेंट चढ़ल। अब बाबर आजम के कप्तानी वाली पाकिस्तान टीम के लगे सीरीज बराबरी करावे के एगो आखिरी मौका बा।

इंग्लैंड (ENG) आ पाकिस्तान (PAK) के बीच चार मैचन के टी20 सीरीज के तीसरका मोकाबला कार्डिफ के सोफिया गार्डन्स में 28 मई के खेले के रहे, बाकिर बरखा के वजह से ई मोकाबला रद्द भइल। इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के बीच तीसरका टी20 मैच के टॉस तक नइखे हो सकल आ काफी इंतजार के बाद ई मैच बरखा के भेंट चढ़ल। चार मैचन के सीरीज के पहिला मैचो बारिश से प्रभावित रहल बा।

एकरा बाद दूसरका टी20 मैच में इंग्लैंड पाकिसान के 23 रन से हरवले रहे। चार मैचन के टी20 सीरीज में इंग्लैंड के टीम 1-0 के बढ़त बना रखले बिया। अब पाकिस्तान के टीम के जदि सीरीज बराबरी करे के पड़ी, तऽ ओकरा चौथा टी20 मैच कवनो तरे जीते के पड़ी। बता दी कि इंग्लैंड बनाम पाकिस्तान के बीच चौथा टी20 मैच 30 मई के लंदन के ओवल मैदान पs खेलल जाए के बा।

ENG vs PAK 3rd T20I: सीरीज में बराबरी करे खातिर पाकिस्तान के लगे खाली एगो आखिरी चांस

टी20 विश्व कप 2024 के आगाज 1 जून से होखे के बा, जेकरा पहिले पाकिस्तान के टीम इंग्लैंड के खिलाफ चार मैचन के टी20 सीरीज खेल रहल बिया। एह टी20 सीरीज से पाकिस्तान के टीम विश्व कप खातिर आपन तैयारी कर रहल बिया, बाकिर दूसरका टी20 में पाकिस्तान के बैटर्स के प्रदर्शन बेहद निराशाजनक रहल रहे।

अब पाकिस्तान के टीम के चउथा टी20 मैच में इंग्लैंड के हराके आपन लय बरकरार राखे के होई। इंग्लैंड के चउथा टी20 मैच में पाकिस्तान के टीम हराके सीरीज 1-1 के बराबरी पs खत्म कइल चाहीं। फिलहाल इंग्लैंड के टीम सीरीज में 1-0 से आगे चल रहल बिया।

ENG vs PAK: Babar Azam इतिहास रचे के करीब पहुंचले

पाकिस्तान टीम के कप्तान बाबर आजम इंग्लैंड के खिलाफ चउथा टी20 मैच में इतिहास रच सकत बाड़े। बाबर आजम के 13 रन के जरूरत बा आ जदि चउथा टी20 मैच में बाबर 13 रन बना ले ताड़े तऽ उऽ टी20I में 4000 रन के आंकड़ा पार कऽ लीहें। साथ ही, उनका विराट कोहली के महारिकॉर्ड के तुड़े खातिर 51 रन के दरकार बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]