Jammu Kashmir: कठुआ में सुरक्षाबलन आ आतंकवादियन के बीच मुठभेड़ जारी, एगो जवान घायल

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क : जम्मू कश्मीर के कठुआ में कुछ आतंकवादियन के देखल गइला के बाद गोलीबारी भइल। सुरक्षा बल इलाका के घेर लेले बिया। जम्मू-कश्मीर पुलिस एकर जानकारी देले बिया। ओहिजा, एगो पुलिस कर्मी घायल हो गइल बिया। सेना, एसओजी आ सीआरपीएफ रात से बिलावर आ कठुआ के राजबाग थानाक्षेत्र में घुसपैठ कs के पहाड़न के जाये वाला रूट पs सर्च ऑपरेशन चलवले रहे।

डीजीपी लगातार मोर्चा पs, कहलें- ढूंढ आ खात्मा करs

बीतल दिनन हीरानगर के सन्याल गांव के लगे जंगलन में आतंकियन के तलाश में घेराबंदी कइलें। डीजीपी नलिन प्रभात ऑपरेशन के दौरान लगातार मोर्चा पs डटल रहलें। बुध के डीजीपी पुलिस अफसरन आ थाना प्रभारियन के संगे बइठ के आतंकवादियन पs नकेल कसे के रणनीतियन पs चरचा कइलें। ऊ कहलें, आतंकियन के ढूंढ आ ओकनी के खत्म करs।

अंतरराष्ट्रीय सीमा से सटल सांबा आ कठुआ जिला के थाना प्रभारियन के संगे पुलिस महानिदेशक नलिन प्रभात हीरानगर पुलिस थाना में बुध के सांझ खास बैठक कइलें। एमे लखनपुर से लेके विजयपुर तक के थाना प्रभारी, अफसरन के संगही एसओजी के अफसर सामिल भइल लो। सूत्रन के मुताबिक दु घंटा चलल बैठक में ऊ पुलिस बल के हौसला बढ़वलें। ऊ अतवार के सांंझ आतंकियन के फायरिंग के मुंहतोड़ जवाब देवे वाला एसओजी टीम के सराहना कइलें। हालांकि आउर कइसे बेहतर कइल जा सकत रहे, एकरा पs उन्होंने अफसरों को टिप्स दिए।

ऑपरेशन सन्याल सुरू होखला के बादे से पुलिस महानिदेशक एह अभियान में खुद सामिल रहल बाड़ें। ऊ लगातार हीरानगर में ऑपरेशन के दौरान मवजूद रहलें। पुलिस के आउर आला अफसर सर्च ऑपरेशन पs नजर बनाके रखले बाड़ें। आवे वाला दिनन में आउर क्षेत्रन में तलाशी अभियान बढ़ावल गइला के संभावना बा।

डीजीपी के टिप्स

पुलिस महानिदेशक अधिकारियन से कहलें कि घुसपैठ के लिहाज से संवेदनशील रास्तन पs कड़ाई से नजर रखल जाई। आतंकियन के मददगारन पs शिकंजा कसला के संगही सख्त कार्रवाई कइल जाई।

आतंकवादियों के एगो ठिकाना के भंडाफोड़

उत्तरी कश्मीर के बारामुला जिला में सुरक्षाबल आतंकवादियन के एगो ठिकाना के भंडाफोड़ कइल बा। पुलिस के एगो अफसर के मोताबिक सुरक्षाबल बुध के बारामुला के नंबलां वन क्षेत्र में तलाशी अभियान चलवलें। एमे बारामुला पुलिस, सेना के 46 राष्ट्रीय राइफल्स (आरआर) आ केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के 53 बटालियन के जवान सामिल रहे लो।

एह दौरान एगो इम्प्रोवाइज्ड एक्सप्लोसिव डिवाइस (आइईडी), प्लास्टिक विस्फोटक, एके-47 राइफल के 104 राउंड, एके-47 के दुगो मैगजीन, दुगो हैंड ग्रेनेड, एगो कॉम्बैट पाउच आ दुगो बैग बरामद भइल। शेरी थाना में एह बाबत प्राथमिकी दर्ज करावल गइल रहे।

सुरक्षा स्थिति के समीक्षा कइलें

व्हाइट नाइट कोर के जनरल ऑफिसर कमांडिंग (जीओसी) लेफ्टिनेंट जनरल नवीन सचदेवा क्षेत्र में सुरक्षा इस्थिति के समीक्षा करे खातिर बुध के राजौरी सेक्टर के दौरा कइलें। लेफ्टिनेंट जनरल सचदेवा काउंटर इंसर्जेंसी फोर्स माने रोमियो फोर्स के मुख्यालय में अफसरन के संगे बैठक कs के आतंकवाद विरोधी अभियानन में सैनिकन के समर्पण के सराहना कइलें। ऊ आम नागरिकन के संगे रिश्तन के बेहतर बनावे पs जोर देले। आतंकवाद के खत्म करे खातिर कइल जा रहल कार्रवाइयन के बारे में ऊ अफसरन से जानकारी हासिल कइलें।

Read Also: Jharkhand: अनिल टाइगर के हत्या के ममिला गरमाइल; प्रदर्शन कs रहल भाजपा नेता प्रतुल के पुलिस हिरासत में लेलस

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment