[the_ad_group id="30365"]

UAE के राष्ट्रपति दिहले ईद के तोहफा, 500 भारतीय सहित 1500 से अधिक कैदियन के कइलस रिहा

यूएई के राष्ट्रपति शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संयुक्त अरब अमीरात (UAE) के राष्ट्रपति शेख मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान फरवरी के आखिर में एगो बड़हन एलान कइले रहले. राष्ट्रपति रमजान से पहिले बड़ पैमाना पs कैदियन के माफ करे के बात कईले रहले। अब रमजान के अंत में 1295 कैदी के रिहा करे के आदेश दिहल गईल बा। खबर के मुताबिक प्रधानमंत्री शेख मोहम्मद बिन राशिद अल मकतूम 1518 कैदी के माफी देवे के घोषणा कईले बाड़े। रिहा भइल लोग में 500 से अधिका भारतीय नागरिकन के भी शामिल कइल गइल बा।

 एहमें 500 से अधिका भारतीय शामिल बाड़े कैदियन खातिर माफी के एलान फरवरी के आखिर में भइल रहे. प्रधानमंत्री शेख मोहम्मद बिन रशीद अल मकतूम कुल 1518 कैदियन के माफी देबे के एलान कइले बाड़न. जेल से रिहा करे के आदेश दिहल गईल लोग में 500 से जादा भारतीय नागरिक शामिल बाड़े। यूएई के राष्ट्रपति से माफी मिलला के बाद रिहा होखे वाला लोग अपना परिवार के साथे ईद मना सकेलें.

यूएई में भारतीयन के संख्या का बा आईं बता दीं कि संयुक्त अरब अमीरात के कुल आबादी के 37.96 प्रतिशत भारतीय लोग बा। दिसंबर 2024 में संयुक्त अरब अमीरात (UAE) में भारतीय लोग के जनसंख्या 35,68,848 (36 लाख) रहल। ई दुनिया के दुसरा सभसे ढेर भारतीय लोग के आबादी वाला देस हवे। यूएई में रहे वाला भारतीयन के देश के हर क्षेत्र के विकास में बेहद योगदान बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]