[the_ad_group id="30365"]

साउथ कोरिया के जंगलन में आग से हाहाकार, 16 के मउत, आग बुझाए गइल हेलीकॉप्टर भी भइल क्रैश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दक्षिण दक्षिण कोरिया में सूखा मौसम आ तेज हवा का बीच जंगल में लागल आग में नाहियो त 18 लोग के मौत के खबर बा. एह घटना में नाहियो त 19 लोग घायल भी भइले सरकारी अधिकारी बुध का दिने बतवले. एंडोंग अवुरी दक्षिण के बाकी शहर अवुरी कस्बा के अधिकारी मंगलवार के स्थानीय निवासी के सुरक्षित जगह पs जाए के आदेश देले। दूसर ओर दमकलकर्मी सूखा हवा से पैदा होखेवाला आग के काबू में राखे खाती बहुत मेहनत करतारे। आग बुझावे के कोशिश में एगो हेलीकाप्टर भी दुर्घटनाग्रस्त हो गईल।

43 हजार एकड़ से अधिका जमीन जर के राख हो गइल


खबर के मुताबिक आग लगला के चलते 43 हजार एकड़ से जादे जमीन राख हो गईल अवुरी 1300 साल पुरान बौद्ध मठ समेत सैकड़ों संरचना नष्ट हो गईल। दक्षिण कोरिया के गृह आ सुरक्षा मंत्रालय के मुताबिक, अंडोंग, ओकर पड़ोसी शहर उसेओंग अवुरी सैनसेओंग अवुरी उल्सन शहर में 5,500 से जादे लोग के घर छोड़े के पड़ल। इहे उs इलाका बा जवन आग से सबसे जादे प्रभावित बा। कोरिया हेरिटेज सर्विस के अधिकारी बतवले कि उइसियोंग में लागल आग से सातवीं सदी के बौद्ध मठ गोउंसा के राख हो गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]