इंसानियत भरल सनेसा : मुअले के पहिले रूसी सैनिक अपने माई के भेजलस सनेसा

Share

यूक्रेन अउर रूस के जंग के बीच एगो रूसी सैनिक के भावुक क देवे आला मैसेज सामने आइल बा। एह मैसेज में सैनिक लिखले बस-  ‘अम्मा ! हम यूक्रेन में बानीं, इहवा असली जंग चलs ता। हम बहुते डेराइल बानीं।’ माई के भेजल आखिरी मैसेज में ऊ लिखलस- हमनी के सबी जनीं सहरन पs एक्के संगे बम से हमला क रहल बानीं के, इहाँ ले कि हमनिके आम नागरिकनो के निशाना बना रहल बानीं के।

रूसी सैनिक के एह मैसेज के सोम्मार के संयुक्त राष्ट्र में यूक्रेन के राजदूत सर्गेई कित्सलोव पढ़लें। सर्गेई बतवनें कि ई सनेसा मर गइल रूसी सैनिक के फोन से मिलल बा। एह में  सैनिक लिखले  बा कि ई समय ओकरे खातिर बहुते मुश्किल भरल बा|

सैनिक आगे लिखलस कि हमनी के बतावल गइल रहे कि यूक्रेन के लोग उहवाँ पहुंचले प हमनीके स्वागत करिहें लोग, लेकिन एकरे उलटा ऊ हमनीं के काफिला के आगे लोटा जातनें लोग। ऊ हमनीं के फासीवादी कह रहल बानें सब। मैसेज के प्रिंटेड कॉपी पढ़त सर्गेई बतवलें कि ई संदेश रूसी सैनिक मुअले से कुछुए बेरा पहिले अपने माई के भेजले रहल। बस एही ट्रैजडी से रउआ सभे लड़ाई के भयावहता के अहसास करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-