[the_ad_group id="30365"]

रूस यूक्रेन युद्ध : यूक्रेन में फंसल 32 छात्रन के नाइ मिल पावता लोकेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूक्रेन पs हमला के बाद यूएस नगर के छात्रन के भारतीय दूतावास जोहले में जुटल बा। 54 में से 32 छात्र अइसन बानें जेकर मोबाइल स्विच ऑफ हो गइले के चलते उनकर लोकेशन ट्रेस नाइ हो पा रहल बा, जबकि दूसर 22 छात्र भारतीय दूतावास के  रडार पर बानें।

यूक्रेन में फंसल कई छात्रन के उनकर माई-बाऊजी से बात नाइ हो पा रहल बा। भारतीय दूतावास के टीमो छात्रों के लोकेशन जोहले में जुटल बा। 22 छात्र अइसन बानें जेके भारतीय दूतावास ट्रेस क लेहले बा। 32 छात्र अइसन बानें जेके भारतीय दूतावास ट्रेस कइले में जुटल बिया। एसडीएम कौस्तुभ मिश्रा कहनें कि 32 छात्रों की लोकेशन ट्रेस होइते आपदा कंट्रोल रूम में एकर सूचना मिल जाई।

केंद्रीय रक्षा राज्य मंत्री अउर सांसद अजय भट्ट ईगो छात्रा आयुषी के नानी मुन्नी तिवारी के बतवनें कि केंद्र सरकार यूक्रेन के सहरन में फंसल भारतीय छात्र-छात्रा सब के स्वदेश ले अइले के हरसंभव प्रयास क रहल बिया। मुन्नी तिवारी कहली कि एह बीच बंकरन में फंसल बचवन खातिर खइले-पियले के व्यवस्था करावल जाए। मुन्नी तिवारी कहली कि बचवन खातिर खाद्य सामग्री जुटावल सबसे मुश्किल कार हो गइल बा।

 

साभार – अमर उजाला 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]