अमरीका के दोहरा बोली : रूस के देहलें धमकी त यूक्रेन के मदद कइले से कइनें मना

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2022

यूक्रेन के खिलाफ रूस के हमला बुध के सातवा दिनो जारी रहल। राजधानी कीव अउर खार्किव सहित्ते कई मेन सहरन के निसाना बनावल जा रहल बा| यूक्रेन युद्ध के बीचही में अमेरिका के राष्ट्रपति जो

Share

यूक्रेन के खिलाफ रूस के हमला बुध के सातवा दिनो जारी रहल। राजधानी कीव अउर खार्किव सहित्ते कई मेन सहरन के निसाना बनावल जा रहल बा| यूक्रेन युद्ध के बीचही में अमेरिका के राष्ट्रपति जो बाइडेन US कांग्रेस के संबोधित कइले।  बाइडेन यूक्रेन पs रूस के हमला के निंदा कइनें अउर पुतिन के ढुलमुल चेतइबो कइनें|

ऊ कहनें की तानाशाहन के हमेसा कीमत चुकावे के पड़ला, अगिलहीं छन बोलनें हमनीं के सेना यूक्रेन के लड़ाई में सामिल नाइ होई|
जो बिडेन यूक्रेन पs रूस के हमला के पूरा संसार के शांति खातिर खतरा बतवलें | रूस बिना उकसवले धड़ से यूक्रेन पS हमला कइले बा जवन की इ पूरा दुनिया खातिर खतरा बा,आ अमेरिका यूक्रेन के संगे ठाड़ बा |

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.