[the_ad_group id="30365"]

सोनिया-राहुल के फ्लाइट के भोपाल में इमरजेंसी लैंडिंग: बेंगलुरु से दिल्ली जात रहे लो, विमान में तकनीकी खराबी आइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष सोनिया गांधी आ राहुल गांधी के चार्टर्ड प्लेन के भोपाल के राजा भोज एयरपोर्ट पs इमरजेंसी लैंडिंग भइल बा। प्लेन में तकनीकी खराबी आइल रहे। सोनिया-राहुल एह प्लेन से बेंगलुरु से दिल्ली जात रहे लो।

राहुल गांधी के निजी स्टाफ एकर पुष्टि कइलें बाड़ें। राहुल-सोनिया करीब एक घंटा तक भोपाल एयरपोर्ट के वीआईपी लाउंज में रुकल रहल लो। एह दौरान भोपाल से कांग्रेस के नेता लोग उहां पहुंचके उनका से मुलाकात कइल लो। कांग्रेस नेता लोगन से मिलल जानकारी के मोताबिक अब राहुल-सोनिया इंडिगो के फ्लाइट से दिल्ली जाई लो।

कांग्रेस विधायक कुणाल चौधरी, कांग्रेस नेत्री शोभा ओझा, विधायक आरिफ मसूद, पूर्व केंद्रीय मंत्री सुरेश पचौरी आ विधायक पीसी शर्मा एयरपोर्ट पs सोनिया-राहुल से मुलाकात कइल लो।

प्रेशराइजेशन फेलियर इन एयरक्रॉफ्ट के वजह से लैंडिंग

एटीसी सूत्रन के मोताबिक जवना प्राइवेट जेट से सोनिया गांधी आ राहुल गांधी बेंगलुरु से दिल्ली जात रहे लो। ओमे प्रेशराइजेशन फंक्शन में पायलट के कवनो गड़बड़ी डिटेक्ट भइल। जवना के बाद भोपाल एटीसी से लैंडिंग के लेके बात कइल गइल। इजाजत मिलला पs इमरजेंसी लैंडिंग कइल गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]