यूपी में बरखा के कहर: गंगा आ यमुना लगातार उफान पs, बाढ़ के खतरा बढ़ल, कइयन जिलन में रेड अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2023

लगातार बरखा के चलते गंगा आ यमुना उफान पs बा। सरयू कइयन जिलन में आपन रौद्र रूप दिखा रहल बिया तs राप्ती के वेगो अब प्रभावित करे लागल बा। बरसाती नदी अलगे बाढ़ के रूप

Share

लगातार बरखा के चलते गंगा आ यमुना उफान पs बा। सरयू कइयन जिलन में आपन रौद्र रूप दिखा रहल बिया तs राप्ती के वेगो अब प्रभावित करे लागल बा। बरसाती नदी अलगे बाढ़ के रूप लेले बाड़ी सs। आवे वाला दिन में एही तरे के हालात रहे वाला बा। केंद्रीय जल आयोग के मोताबिक अब 17 आ 18 जुलाई तक बदायूं जिला में गंगा, शामली में यमुना के जलवृद्धि के कारन अत्यधिक बाढ के आशंका बा। जिला में रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा। पिछिला 24 घंटा में आठ जिला में 30 मिमी से जादे ब हो चुकल बा।

नदियन के स्तर बढे से कइयन जिलन में बाढ़ के खतरा बरकरार बा। बदायूं में गंगा के जल स्तर उच्च स्तर पs बा। बाराबंकी अउर फर्रुखाबाद में सरयू सामान्य से काफी ऊपर बहत बिया। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बाढ़ के इस्थिति के जायजा लेवे आ राहत आउर बचाव कामन के जानकारी खातिर मैदान में उतरलें। ऊ सहानपुर में बाढ़ प्रभावित क्षेत्रन के भ्रमण कइलें। एने, शाहजहांपुर आ हापुड़ जिला में गंगा आ बरेली अउर मुरादाबाद में रामगंगा सामान्य से काफी ऊपर बहत बिया।

अयोध्या में सरयू के जल स्तर सामान्य से ऊपर बा। बलरामपुर में राप्ती के जल स्तर लगातार बढ़ रहल बा जवना से इस्थिति विकट होत जा रहल बा। बहराइच में राप्ती भयावह रूप धारण करत जात बिया। ओने मथुरा में यमुना के जल स्तर बढ़त बा। दिल्ली में यमुना के स्तर ऊंच होखला के कारण एनसीआर के यमुना तट के जिलन में  इस्थिती खराब बा। अगिला कइयन दिन तक बरखा के आशंका के कारण खतरा अभी ले बनल बा। गंगा कचला ब्रिज (बदायूँ), यमुना मावी मुजफ्फरनगर में खतरा के जलस्तर से उपर बह रहल बा।

एह सप्ताह एह जिलन में भारी बरखा 

प्रदेश के 19 जिलन में एह सप्ताह अब तक अत्यधिक बरखा हो गइल बा। 13 जिला अइसन बा जहां सामान्य से जादे बरखा भइल बा तs 19 जिलन में सामान्य बरखा दर्ज कइल गइल बा। 19 जिला में न्यूनतम जबकि पांच जिला में बहुत कम बरखा भइल बा। पिछला 24 घंटा में मैनपुरी, मुरादाबाद, कन्नौज, फर्रुखाबाद, इटावा, कासगंज, संभल, महाराजगंज में 30 एमएम से जादा बरखा दर्ज कइल गइल बा।

रेड अलर्ट – शामली, बदायूं
आरेंज अलर्ट – शाहजहांपुर, बाराबंकी, हापुड़, मुरादाबाद
येलो अलर्ट – अयोध्या, बलरामपुर, बरेली, फर्रुखाबाद, मथुरा, बहराइच

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.