[the_ad_group id="30365"]

Elon Musk बढ़वले Netflix, Hotstar के टेंशन

X ( twitter)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Netflix, Amazon prime, hotstar जइसन ओटीटी ऐप नियन एलन मस्क एगो नया टीवी ऐप के संगे आ रहल बाड़े। खबर के मुताबिक एलन मस्क के इ नाया टीवी ऐप नेटफ्लिक्स अउरी बाकी ओटीटी ऐप नियन होई। एकरा संगे-संगे एक्स प्लेटफॉर्म के माध्यम से यूजर के टीवी तक पहुंचे के मौका मिली।

एलन मस्क एह बात के पुष्टि कइले बाड़े कि एक्स टीवी ऐप के बीटा वर्जन एंड्रॉयड टीवी खाती जारी कइल गइल बा। एह बीटा वर्जन के एलजी, अमेजन फायर टीवी, गूगल टीवी डिवाइस खातिर लाइव बनावल गइल बा। हालांकि एकरा लॉन्चिंग डेट के बारे में अबहीं तक जानकारी नइखे दिहल गइल।  एक्स टीवी पs यूजर के बहुत फायदा मिले वाला बा, जवना के बारे में आउर जानकारी लॉन्च के तारीख तक दिहल जा सकता।

गूगल प्ले पs दिहल डिटेल आ स्क्रीनशॉट के मुताबिक एक्स टीवी ऐप नाया ओटीटी स्ट्रीमिंग ऐप बन सकऽता। दूसर ओर कंपनी के मानल बा कि एक्स स्ट्रीम सर्विस टीवी एगो खास स्ट्रीमिंग टीवी सेवा हऽ अवुरी इ हर इंटरनेट यूजर के उपलब्ध होई। एमें रउरा अपना पसंद के लाइव चैनल, खबर, खेल, सिनेमा, संगीत आ मौसम से जुड़ल अपडेट मिल पाई।

इ सुविधा एक्स टीवी ऐप पऽ उपलब्ध होई

एक्स टीवी प रिप्ले करे के सुविधो यूजर के मिली। संगही, यूजर क्लाउड स्टोरेज के माध्यम से 72 घंटा तक शो के स्टोर कऽ सकतारे। एह ऐप में 100 घंटा तक के मुफ्त डीवीआर रिकॉर्डिंग के सुविधो दिहल जाई।

हो सकेला कि सब्सक्रिप्शन प्लान योजना लेबे के पड़े

लीक भइल रिपोर्ट के मुताबिक, एक्स टीवी ऐप के एक्सेस करे खातिर सदस्यता के जरूरत पड़ सकऽता। हालांकि एकर खुलासा लॉन्चिंग डेट पs हो सकऽता। एकरा से पहिले मस्क प्रीमियम प्लानो शुरू कइले रहले, जवना में एक्स यूजर के बहुत फायदा दिहल जाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]