[the_ad_group id="30365"]

Tech Tips: फर्जी मोबाइल चार्जर से फोन के हो सकऽता बड़ नुकसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्मार्टफोन के बाजार बहुत तेजी से बढ़ रहल बा। फोन के बढ़त बाजार के बीच एकरा से जुड़ल एक्सेसरीज के मांग में काफी बढ़ोतरी भइल बा। अक्सर जब फोन के चार्जर काम ना करे भा चार्जर में कवनो दिक्कत होखे तऽ लोग ओकरा के मरम्मत करावे के बजाय नाया फोन के चार्जर लेवे के पसंद करेले। हालांकि ए दौरान एक बात के ध्यान में राखल बहुत जरूरी बा। बाजार में बहुत नकली चार्जर आ रहल बा। अइसना में जदी आप फर्जी चार्जर के इस्तेमाल करतानी तऽ एकरा से फोन के भारी नुकसान हो सकऽता। बहुत मामला में इ फोन के विस्फोट के एगो बड़ कारण बन जाला। नकली चार्जर के समस्या से बचे खातिर आप बीआईएस केयर ऐप के मदद ले सकतानी।

का हऽ बीआईएस केयर एप

रउरा जानकारी खातिर हम बता दीं कि बीआईएस यानी ब्यूरो ऑफ इंडियन स्टैंडर्ड केयर ऐप एगो सरकारी ऐप हऽ। इ ऐप भारत सरकार के तहत काम करेला। ई एगो अइसन संगठन हऽ जवन देश में बिकाए वाला चीजन के मानक के साथे क्वालिटी सर्टिफिकेट देला। बीआईएस केयर ऐप एंड्रॉयड आ आईओएस दुनो यूजर खातिर उपलब्ध बा। एकरा के गूगल प्ले आ एप्पल स्टोर से डाउनलोड कइल जा सकऽता।

अइसे होइ असली आ फर्जी के पहचान

  • एह एप के जरिए फोन के चार्जर असली हऽ भा नकली, एकर पहचान आसानी से कइल जा सकऽता।
  • सबसे पहिले गूगल प्ले भा एपल स्टोर से बीआईएस केयर एप के डाउनलोड करे पड़ी।
  • एकरा बाद एप खोल के वेरिफाई आर नंबर पs क्लिक करे के होई।
  • अइसन कइला के बाद प्रोडक्ट रजिस्ट्रेशन नंबर भा फेर प्रोडक्ट क्यूआर कोड स्कैन करे के होई।
  • इसके बाद चार्जर के नंबर आ मॉडल नंबर समेत सारी जानकारी मिल जाई।

जदि रउआ समझ नइखे आवत तऽ बता दी कि नया चार्जर में प्रोडक्ट नंबर भा क्यूआर कोड होला। एकरा स्कैन कऽ के चार्जर के बारे में सबकुछ मिल जाईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]