[the_ad_group id="30365"]

तैराकी प्रतियोगिता खातिर कुशीनगर जिला के आठ खिलाड़ी भइलें चयनित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर स्टेडियम में प्रदेश स्तरीय महिला तैराकी प्रतियोगिता खातिर भइल ट्रायल में मंडल के कुल 11 खिलाड़ियन के चयन कइल गइल बा। एहमें से आठ खिलाड़ी कुशीनगर के बानें जबकि देवरिया से दू अउर गोरखपुर से एक खिलाड़ी के चयन कइल गइल बा।। ई खिलाड़ी अयोध्या में आयोजित प्रदेश स्तरीय तैराकी प्रतियोगिता में शामिल हइहें।
अयोध्या में आयोजित होखे वाली प्रदेश स्तरीय तैराकी प्रतियोगिता खातिर गोरखपुर क्षेत्रीय कार्यालय में मंडल के सब जिला के चुनिंदा महिला तैराक शामिल भइल रहली ।एमे से कुशीनगर से प्रिया चौहान, अंकिता कन्नौजिया, निक्की पासवान, सौम्या चौहान, आंचल चौहान, दीपिका चौहान, नंदिनी निषाद अउरी रागिनी निषाद समेत आठ महिला खिलाड़ियन के चयन भइल। चयनित एह खिलाड़ियन के डीएम एस. राजलिंगम, क्रीड़ाधिकारी रवि निषाद, जिला व्यायाम शिक्षक अनिल कुमार मिश्र आदि लोग हौसला बढ़वलें बा ।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]