[the_ad_group id="30365"]

Jharkhand: हेमंत सोरेन के नजदीकी पंकज मिश्र के घर पs ED के छापा, 6 आउर जगहन पs ED के रेड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धनबाद जिला में प्रवर्तन निदेशालय के टीम सुक के सबेरे मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के विधायक प्रतिनिधि पंकज मिश्र के स्थानीय आवास पs छापेमारी कइले बिया। एहतियात के तौर पs उनका घर के बहरी सीआरपीएफ के जवानन के तैनात कईल गईल बा। एकरा अलावे प्रवर्तन निदेशालय के टीम साहिबगंज जिला के बरहदवा आ पटना में दुगो पत्थर के व्यापारी कृष्णा साह आ भगवान भगत के आवास पs छापामारी करत बिया। पूरा इलाका के सील कs दिहल गइल बा। एहु जगहन पs सीआरपीएफ तैनात बा। पत्थर के व्यापारी सोनू सिंह के महल में ईडी के छापेमारी चल रहल बा। अब तक के सूचना के मोताबिक साहिबगंज जिला में कुल 6 जगहन पs ईडी छापेमारी कs रहल बिया।

अवैध खनन के निगरानी करेले पंकज

पंकज मिश्रा के खिलाफ ईडी के कार्रवाई अवैध खनन खाती कईल जाता। आईएएस पूजा सिंघल के गिरफ्तारी के बाद से अटकल लगावल जात रहे कि जांच एजेंसी मिश्र से पूछताछ कs सकेला। ईडी के जांच में पता चलल कि सीएम के करीबी सहायक मिश्रा अवैध खनन के देखरेख करेले आ उनका कहला पs झारखंड से स्टोन चिप्स के बांग्लादेश पहुंचावल जाला। एजेंसी के पंकज के खनन में शामिल होखे के जानकारी अलग-अलग सूत्रन से मिलल बा।

ईडी के चुनौती देले रहस पंकज 

कुछ दिन पहिले सीएम के करीबी सहायक पंकज मिश्रा मीडिया से बातचीत में कहले रहले कि उनुका ईडी के जांच से कवनो डर नईखे। ऊ तइयार बइठ के ओह दिन के इंतजार करत बाड़न जब ईडी अधिकारी उनका से पूछताछ करी लो। उ कहले रहले कि हम कवनो गलत काम नईखी कईले आ हम हरेक सवाल के जवाब देवे खाती तइयार बानी। बता दीं कि जब ईडी अवैध खनन के लेके खनन अधिकारी से पूछताछ कईले रहे तs सीएम के विधायक प्रतिनिधि के नाम सोझा आईल रहे। तब से मानल जात रहे कि एजेंसी उनुका पs फंदा कस सकेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]