Breaking: अभिषेक बनर्जी के खिलाफ ED जांच जारी रही, टीचर भर्ती घोटाला के इन्क्वायरी रोके से सुप्रीम कोर्ट कइलस इनकार

Share

सुप्रीम कोर्ट सोमार के तृणमूल सांसद अभिषेक बनर्जी के खिलाफ चल रहल प्रवर्तन निदेशालय (ED) के जांच रोके से इनकार कs देलस। ED बंगाल में भइल स्कूल भर्ती घोटाला के इन्क्वायरी कर रहल बिया। कलकत्ता हाईकोर्ट 18 मई के ED के अभिषेक बनर्जी के पूछताछ खातिर बोलावे के इजाजत देले रहे।

बनर्जी एकरा खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अपील कइलें। सुप्रीम कोर्ट कहलस- हाईकोर्ट एह ममिला के जांच जरूरी समझले बा। उहां एह पs सोच-विचार कइल गइल होई। हमनी के एमे दखल नइखी दे सकत सs। एमे दखल देला से जांच पs प्रभाव पड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-