[the_ad_group id="30365"]

Powerfood: जाड़ा में कोलेस्ट्रॉल घटावे खातिर रोज खाईं मशरूम, मिलीं फायदा ही फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मशरूम सजो सीजन में आसानी से मिले जाए वाला सब्जी , लेकिन जाड़ा में मशरूम खा‍इल ढेर फायदेमंद मानल ग‌इल बा। जाड़ा में मशरूम के सब्जी, मशरूम के सूप आ स्नैक्स बनाके खा सकेनी । मशरूम खाए में जेतना स्वादिष्ट लगेला ओसे कहीं ढेर पौष्टिक होला । मशरूम ख‌इले से शरीर में जमल बैड कोलेस्ट्रॉल कम होला । हार्ट आ हाई ब्लड प्रेशर के मरीज के खातिर मशरूम नीक सब्जी हs। मशरूम में प्रोटीन, डाइटरी फाइबर, मिनरल, आ विटामिन B1, B2, B12 पाइल जाला। विटामिन C आ विटामिन E के नीक सोर्स हs मशरूम। एमें टेरपेन, क्विनोलोन, स्टेरॉयड, फ्लेवोनोइड्स, एंटीऑक्सिडेंट ज‌इसन कैरोटीनॉयड आ पॉलिसैकेराइड ज‌इसन बीटा-ग्लूकन के अच्छा मात्रा होला । जानि मशरूम ख‌इले से का फायदा होला ।

मशरूम ख‌इला के फायदा

कोलेस्ट्रॉल कम करीं- जाड़ा में हाई कोलेस्ट्रॉल के समस्या से परेशान लोगन के खातिर मशरूम काफी फायदेमंद रहेला। मशरूम में अ‌इसन यौगिक पा‌इल जाला, जवन बैड कोलेस्ट्रॉल के मात्रा के कम करेला।

हाई ब्लड प्रेशर के कंट्रोल करीं- हाई ब्लड प्रेशर के मरीज के मशरूम जरूर खा‌ए के चाही। मशरूम में सोडियम कम आ पोटैशियम भरपूर मात्रा में पाइल जाला । जेसे हाई बीपी के कंट्रोल करे में मदद मिलेला ।

मोटापा घटाई- मशरूम में घुलनशील फाइबर होला जेके खाए से वजन घटावे में मदद मिलेला। मशरूम खाके लंबा समय तक ले पेट भरल रहेला । अइसना में वेट लॉस डाइट में मशरूम जरूर शामिल करे के चाहि।

कैंसर के खतरा के कम करीं- मशरूम पोषक तत्वन से भरपूर सब्जी हs। एके खाए से कैंसर के खतरा के कम क‌इल जा सकेला । मशरूम में एर्गोथायोनीन पाइल जाला , जवन कि अइसन एंटीऑक्सीडेंट हs जेसे कैंसर ज‌इसन जानलेवा बीमारी के जोखिम के कम क‌ई सकल जाला।

इम्यून सिस्टम के बनाई मजबूत- मशरूम विटामिन सी के नीक सोर्स हs। मशरूम में विटामिन डी आ विटामिन बी12 पा‌इल जाला । जेसे रोग प्रतिरोधक क्षमता बढ़ेला । मशरूम ख‌इला से रउरा ठंडा में सीजनल बीमारी के खतरा के कम क‌s सकेलीं ।

आंख खातिर फायदेमंद- मशरूम में विटामिन-ए पा‌इल जाला। एके खाए से आंखें के रोशनी तेज होला । मशरूम में बीटा-कैरोटीन पाइल जाला , जवन आंख के दृष्टि दोष से बचावेला। विटामिन बी2 स्किन के खातिर फायदेमंद मानल जाला ।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]