[the_ad_group id="30365"]

दूध में पका के खांई कद्दू के बीज, जोडन में आई ताकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Milk with pumpkin seeds: कद्दू के बीज में प्रति 100 ग्राम में 574 कैलोरी एनर्जी, 49 ग्राम फैट, 6.6 ग्राम फाइबर आ 30 ग्राम प्रोटीन होलाs । एकरा अलावा एs बीज में प्रोटीन के अच्छि मात्रा होला। जेकर सेवन सरीर के एनर्जी देवे के साथे कई गो बीमारियन से बचा सकेला। एकरे अलावा कद्दू के बीज में पॉलीअनसेचुरेटेड आ मोनोअनसेचुरेटेड फैट होला जवन सेहत खातिर नीक होला। लेकिन, आजू हमनी के जानल जाई कद्दू के बीज के दूध में पका के ख‌इले से (milk with pumpkin seed benefits for health) का फायद मिले ला ।चलीं जानल जाए विस्तार से।

दूध आ कद्दू के बीज के फायदा-Pumpkin seeds with milk benefits

1. हड्डी खातिर फायदेमंद

कद्दू के बीज के जब दूध के साथे लेनी तs ई कैल्शियम, मैग्नीशियम, फास्फोरस आ जिंक प्रदान करेलाs जवन के हड्डी के सेहत खातिर फायदेमंद होला। ई पोषक तत्व सामूहिक रूप से स्वस्थ हड्डी के विकास, मजबूती आ रखरखाव के समर्थन करेला , जेसे कद्दू के बीज के दूध हड्डी से जुड़ल बीमारी से बचाव में मददगार होला। ज‌इसे जोड़न के दरद आ घुटना में सूजन।

2. एंटीऑक्सीडेंट से भरपूर

कद्दू के बीज में विटामिन ई आ कैरोटीनॉयड सहित कईगो एंटीऑक्सीडेंट होला, जवन मुक्त कण आ ऑक्सीडेटिव तनाव से लड़ेलें । ई एंटीऑक्सीडेंट त्वचा के स्वास्थ्य, कोशिका सुरक्षा आ संभावित रूप से पुरान बीमारी के जोखिम के कम क‌इले में मददगार होला।

3. कैल्शियम के कमी के दूर करेला

कद्दू के बीज मैग्नीशियम से भरपूर होला। मैग्नीशियम हड्डी के विकास आ मजबूती खातिर नीक होला। ई देखल ग‌इल हs कि जवन लोग के आहार में मैग्नीशियम पर्याप्त मात्रा में होला उनकरी हड्डी में खनिज के घनत्व अधिक होला। एसे हड्डी टूटले आ ऑस्टियोपोरोसिस ज‌इसे खतरा से बचले में मदद मिलेला। मैग्नीशियम के निम्न स्तर के बढ़ल सूजन से जोड़ल ग‌इल बा। मैग्नीशियम के कमी के एगो दुष्प्रभाव इs हs कि खून में कैल्शियम के स्तरो कम हो जाला । प्रत्येक 100 ग्राम कद्दू के बीज में 262 मिलीग्राम ले मैग्नीशियम होला । एs प्रकार से ई हड्डी के खातिर फायदेमंद होला।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]