[the_ad_group id="30365"]

लद्दाख के कारगिल में महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, रिक्टर पैमाना पs एतना मापल गईल तीव्रता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

लद्दाख : लद्दाख के कारगिल में सबेरे सबेरे भूकंप के झटका महसूस भइल। एकर तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.7 नापल गइल बा। ई भूकंप आजु सबेरे करीब 7:38 बजे महसूस कइल गइल बा। ई भूकंप लद्दाख से 401 किलोमीटर उत्तर में आइल रहे। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र इ जानकारी देले बाड़े।

रिक्टर पैमाना पs भूकंप के तीव्रता के अनुमान कइसे लगावल जाला?

•0 से 1.9 सीज्मोग्राफ से जानकारी मिलेला।

•2 से 2.9 बहुत कम कंपन के पता चलेला।

•3 से 3.9 के पास से गुजरल भारी गाड़ी जइसन लागेला।

•4 से 4.9 घर में रखल सामान अपना जगह से नीचे गिर सकेला।

•5 से 5.9 भारी सामान आ फर्नीचर भी हिल सकेला

•6 से 6.9 भवन के आधार में दरार पड़ सकेला।

•7 से 7.9 भवन गिर सकेला।

•8 से 8.9 सुनामी के जोखिम, अउरी तबाही।

•9 या ओकरा से अधिका सबसे खराब प्रलय, धरती के कंपन साफ ​​महसूस होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]