[the_ad_group id="30365"]

Weather Alert: अगला दु घंटा बाद यूपी के 20 जिलन में अतिभारी बारिश के चेतावनी, IMD के अलर्ट जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मौसम अलर्ट : उत्तर प्रदेश में भारी बारिश जारी बा। मौसम विभाग अगिला 2 घंटा बाद यूपी के 20 जिलन में भारी बरखा के चेतावनी जारी क के लोग से अपना घर में सुरक्षित रहे के अपील कईले बा। मौसम विभाग के मुताबिक अगिला तीन से चार दिन तक मानसून सक्रिय रह सकता। मौसम विभाग के मुताबिक झारखंड पs जवन निम्न दबाव पैदा भईल बा उ अब उत्तर प्रदेश के ऊपर आ गईल बा। साथ ही एह सिस्टम से उत्तर-पूरुब के ओर एगो ट्रफ उत्तर प्रदेश से होके गुजर रहल बा। एह व्यवस्था के चलते संभाग के जिला में बरसात के गतिविधि देखल जा रहल बा। अनुमान बा कि मानसून के ट्रफ के उत्तर के ओर बढ़ला से तराई जिला के ऊपर बरखा के गतिविधि बढ़ सकेला।

क्षेत्रीय विज्ञान शहर लखनऊ के ओर से जारी ताज़ा अपडेट के मुताबिक, पछिला 24 घंटा में बरखा के गतिविधि मंद रहला के बाद यूपी के बहुत जिला में एक बेर फेर से बरखा बढ़ जाई। मौसम विभाग अगिला 24 से 36 घंटा में बढ़िया बरखा के अनुमान लगवले बा। एकरा साथे अब चंदौली, वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, देवरिया, गोरखपुर, संत कबीरनगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, सिद्घार्थनगर, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, सुल्तानपुर, अयोध्या, अंबेडकरनगर आ… अपना आसपास के इलाका में संभावना जतावल गईल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]