[the_ad_group id="30365"]

भूकंप से कांपल धरती, रिक्टर पैमाना पs 6.5 के तीव्रता, मचल हड़कंप

भूकंप से कांपल धरती
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूजीलैंड में भूकंप से भीषण झटका महसूस भइल बा. एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 6.5 नापल गइल बा। ई भूकंप दक्खिन दीप न्यूजीलैंड के पच्छिमी तट पs आइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी एह जानकारी के दिहले बा. हमनी के बता दीं कि रिक्टर पैमाना पs 6 से 6.9 के बीच के तीव्रता के मतलब होला कि एकरा से कवनो इमारत के बेस दरक पड़ सकेला।

भूकंप काहे आवेला?

भूकंप पृथ्वी के सतह पs होखे वाली प्राकृतिक घटना हवे जे मुख्य रूप से पृथ्वी के अंदरूनी संरचना में तनाव आ गति के कारण होला। भारत में भूकंप के मुख्य कारण हिमालय क्षेत्र में टेक्टोनिक गतिविधि बा। भारतीय प्लेट आ यूरेशियन प्लेट के बीच के टक्कर के कारण इहाँ तनाव होला। इहे कारण बा कि उत्तराखंड, हिमाचल प्रदेश, जम्मू-कश्मीर अवुरी पूर्वोत्तर भारत भूकंप के प्रति संवेदनशील बा।

दरअसल, टेक्टोनिक प्लेट सभ के गति, टक्कर, उतार-चढ़ाव के कारण एह प्लेट सभ के बीच लगातार तनाव रहे ला। एह से ऊर्जा पैदा होला, एह से अगर छोट-छोट भूकंप आवत रहेला तs ई ऊर्जा छोड़त रहेला आ एकरा से बड़हन भूकंप आवे के संभावना बनल रहेला।  अगर एह प्लेट सभ के बीच के तनाव ढेर होखे तब ऊर्जा के दबाव भी ढेर हो जाला आ ई तेजी से एक साथ भागे के कोसिस करे ले, जेकरा चलते कबो-कबो भयानक भूकंप के संभावना भी हो जाला।

इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]