[the_ad_group id="30365"]

Israel Attacks on Gaza:गाजा पs इजरायल के महाविनाशकारी हमला, 70 से जादा लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इजरायली सेना गाजा पs विनाशकारी हमला कईले बिया। एह हमला में भारी संख्या में लोग के मौत के आशंका बा। एपी के रिपोर्ट के मुताबिक, गाजा में इs इजरायली हमला बुध के रात भर जारी रहल अवुरी बियफ़ें के सबेरे भी।  एह हमला में बड़हन संख्या में फिलिस्तीनी लोग के मौत हो चुकल बा. गाजा के डॉक्टर के इs जानकारी देले। चिकित्सक लोग बतवले कि गाजा के दक्षिणी शहर खान यूनिस अवुरी राफाह अवुरी उत्तरी शहर बेत लहिया के घर के निशाना बनावल गईल।  हालांकि, उs अबे ले मउत के कुल संख्या के बारे में नईखन बतवले। अलजजीरा के एगो रिपोर्ट के मुताबिक गाजा के उत्तर अवुरी दक्षिण में सबेरे-सबेरे भईल एs हमला में 70 से जादे लोग के मउत हो गईल बा। 

इजरायल आ हमास के बीच युद्धविराम टूट गइल

इजरायल आ हमास का बीच के युद्धविराम करीब एक हफ्ता पहिले टूट गइल रहे.  ओकरा बाद से इजरायली सेना लगातार गाजा पs कड़ा हमला करतिया।  तीन दिन पहिले भी इजरायल गाजा पs एगो बड़ हमला कईले रहे, जवना में 400 से जादा लोग के मौत हो गईल रहे।  इजरायली प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू हमास पर नाराज बाड़न कि ऊ इजरायली बंधक ना छोड़ले बा.  एहसे उ फेर से अपना सेना के हमास प बड़ हमला करे के आदेश देले बाड़े।  एकरा बाद इजरायली सेना उत्तरी आ दक्षिणी गाजा में भी जमीनी अभियान शुरू कs देले बिया।

इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]