राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली के जमीन एक बेर फेर भूकंप के कंपन से हिल गईल बा। देर रात दिल्ली में भूकंप आईल। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 2.3 नापल गइल। नेशनल सेंटर फॉर सिस्मोलॉजी (एनसीएस) के मुताबिक, दिल्ली में आईल भूकंप के भूकंप रात के 1:27:01 बजे आईल। एह भूकंप के केन्द्र अक्षांश: 28.53 उत्तर, देशांतर: 77.32 पूर्व रहल।
केन्द्र दक्षिण पूर्वी दिल्ली रहे
भूकंप के गहराई जमीन से मात्र 5 किलोमीटर नीचे रहे। एकर केन्द्र दक्षिण पूर्वी दिल्ली रहे। शनिचर के देर रात दिल्ली में आइल भूकंप के तीव्रता काफी कम रहे। एकरा चलते कवनो प्रकार के नुकसान के खबर नईखे। जवना समय दिल्ली में भूकंप आईल रहे, ओ समय अधिकांश लोग सुतल रहले।
EQ of M: 2.3, On: 08/06/2025 01:27:01 IST, Lat: 28.53 N, Long: 77.32 E, Depth: 5 Km, Location: South East, Delhi.
— National Center for Seismology (@NCS_Earthquake) June 7, 2025
For more information Download the BhooKamp App https://t.co/5gCOtjdtw0 @DrJitendraSingh @OfficeOfDrJS @Ravi_MoES @Dr_Mishra1966 @ndmaindia pic.twitter.com/D4edVmUbri
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन