शाहजहांपुर में भीषण हादसा: हाईवे पs खड़ा ट्रक से टकराइल कार, गोरखपुर के पिता-पुत्र समेत तीन के मौत, तीन घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 9, 2025

शाहजहांपुर। रोजा थाना क्षेत्र में लखनऊ-बरेली हाईवे पs इस्थित जमुका गांव के लगे सोमार के सबेरे सड़क किनारे खड़ा ट्रक से कार टकरा गइल। नैनीताल जा रहल कार में सवार पिता-पुत्र सहित तीन लोगन के

Share

शाहजहांपुर। रोजा थाना क्षेत्र में लखनऊ-बरेली हाईवे पs इस्थित जमुका गांव के लगे सोमार के सबेरे सड़क किनारे खड़ा ट्रक से कार टकरा गइल। नैनीताल जा रहल कार में सवार पिता-पुत्र सहित तीन लोगन के मौत हो गइल। तीन लोगन के हालत चिंताजनक बनल बा। घायलन के राजकीय मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा।

हादसा सोमार के सबेरे करीब छव बजे भइल। गोरखपुर जिला से एगो परिवार कार से घूमे खातिर उत्तराखंड के नैनीताल जात रहे। रोजा के जमुका गांव में एगो ट्रक से मोरंग उतारल जात रहे। एह बीच तेज रफ्तार कार सड़क किनारे खड़ा ट्रक से पीछे से टकरा गइल। टक्कर एतना भीषण रहे कि कार के परखच्चा उड़ गइल। कार में सवार लोगन के चीख-पुकार सुनके आसपास के लोग दउड़ पड़ल। सूचना पs पुलिसो पहुंच गइल।

मृतकन में दु साल के मासूम

मौका पs पहुंचल पुलिस ग्रामीणन के मदद से कार में फंसल घायलन के बाहर निकाल के राजकीय मेडिकल कॉलेज भेजल। इहां गोरखपुर जिला के खोराबाद थाना क्षेत्र के मालवीय नगर निवासी 42 वर्षीय श्वेता द्विवेदी, 35 वर्षीय शिवम पांडे आ उनकर दु। बरिस के बेटा माधवन के मौत हो गइल।

हादसा में 23 बरिस के अंगद यादव, 27 बरिस के शालिनी पांडे आ दु साल के सिद्धू द्विवेदी घायल भइल बा लो। एह लोगन के राजकीय मेडिकल कॉलेज में उपचार चल रहल बा। हादसा के बाद ट्रक चालक मवका से भाग गइल बा। पुलिस ओकर तलाश कर रहल बिया। पुलिस ट्रक के कब्जा में ले लेले बिया। पुलिस हादसा के सूचना मृतकन के परिजनन के दे देले बिया।

Read Also: Gahila News: कलुयग में श्रीमद्भागवत कथाक सुनला मात्र से भवसागर पार हो जाला आदमी- साध्वी भक्ति नारायणी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.