Gorakhpur News: 20 बरिस चचेरा भाई नाबालिग बहिन संगे कइलस दुष्कर्म, मुकदमा दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 7, 2025

गोरखपुर। गगहा थाना क्षेत्र के एगो गांव में एगो आठ बरिस के लईकी से बलात्कार के वारदात सामने आइल बा। इहां एगो 28 साल के युवक 8 बरिस के लइकी के संगे ओकरा घर में

Share

गोरखपुर। गगहा थाना क्षेत्र के एगो गांव में एगो आठ बरिस के लईकी से बलात्कार के वारदात सामने आइल बा। इहां एगो 28 साल के युवक 8 बरिस के लइकी के संगे ओकरा घर में रेप कइलस। नाबालिग पीड़िता के पिता के तहरीर के आधार पs पुलिस आरोपी के खिलाफ बीएनएस के धारा 65/2 आ पॉक्सो एक्ट के तहत केस दर्ज कs लेले बिया।

थानाध्यक्ष सुशील कुमार बतवलें कि पीड़िता आ आरोपी बलिराम पांडेय सगा पटीदार हs लो। आरोपी पीड़िता के चचेरा भाई हs। पीड़िता के पिता बतवलें कि सुक के सांझ लगभग साढ़े 6 बजे ऊ घर के बाहर खेलत रहे।

एही दौरान बलिराम पांडेय ओकरा के बहला फुसलाके अपना घर के छत पs ले गइल आ ओकरा संगे दुष्कर्म कइलस। घर लवट के बच्ची माता-पिता के घटना के जानकारी देलस। आरोपी बियहल आ दुगो लईकन के बाप बा। पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी खातिर दबिश दे रहल बिया।

Read Also: Virat Kohli: बंगलूरू भगदड़ ममिला में फंसलें कोहली, सामाजिक कार्यकर्ता विराट के खिलाफ दर्ज करवलें शिकायतhttps://khabarbhojpuri.com/bangalore-stampede-case-social-worker-files-complaint-against-virat/

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.