Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

काने में इंफेक्शन होखला पs दिखेला ई लक्षन, जानीं घर में वैक्स के क्लीन क‌इले के सही तरीका

2,208
Google Ads 300*250 for posts

 

बरखा के दिने में कान में खुजली, इंफेक्शन आ पानी ज‌इले से वैक्स फूलले के खतरा काफी बढ़ जाला । अइसना में जब आप कान के साफ करेनी आ वैक्स के निकालेनी तs एसे कान में इंफेक्शन हो सकेला। ओहीं कुछ लोग अक्सर नुकीला चीज ज‌इसे चाभी, टूथपिक, माचिस के तीली से कान के अंदर सफाई करे लागेना । ई नुकीला चीज कान के पर्दा के डैमेज क‌s सकेला। जेसे आपके कान में दिक्कत हो सकेला । दरअसल कान में जमल वैक्स हमनी के कान के प्रोटेक्ट क‌इले में मदद करेला। अगर वैक्स बहुत बढ़ ग‌इल तs कवनो डॉक्टर से जा के निकलवा लेंईं आ खुद निकालत बानी तs खास सावधानी बरतीं। आईं जानीं जा कान के सफाई करे के चाहि आ नाहीं आ करत बानी तs कवन चीज के इस्तेमाल बिलकुल ना करीं?

कान में वैक्स काहें होला ?

आप जबो  कान के साफ़ करेनी तs आप कान से वैक्स निकालेनी , जवन आपके लगेला कि जमल गंदगी हs। बाकिर ई ईयर वैक्स होला जवन कान के ड्राई होखे से प्रोटेक्ट करेला। आपके बता देंईं एs वैक्स में एंटीबैक्टीरियल प्रॉपर्टी होला जवन कान के अंदर से खुद ही साफ क‌ई देला ।ई वैक्स कान के बहुत परेशानी से बचावेला ।

कान में वैक्स एगो फिल्टर के तरह काम करेला जवन आपके कान के प्रोटेक्टेड रखेला । ई वैक्स आपके कान के गंदगी, धूल आदि से बचावेला आ ओके कान के अंदर ज‌इले से रोकेला। जब आप कान के साफ क‌इले के कोशिश करेनी तs कई बेर एसे इन्फेक्शन होखे के खतरा बढ़ जाला ।कई बेर इंफेक्शन बढ़ले के कारन सुनाई देवल बंद हो जाला आ कान अंदर से डैमेज हो सकेला ।

कान में इंफेक्शन के लक्षन

*हमेशा कान में दरद होत रहल

*कान अक्सर भरल भरल लागल

*कबौ कबौ बिलकुल सुनाई ना देवल

*बिना कवनो आवाज होखे पs कान में आवाज सुनाई देवल

*कान में हमेशा खुजली होखल

*कान से अजीब बदबू आवल

का कान के सफाई करे के चाहिं?

डॉक्टर्स के मान तs कबौ खुद से कान के सफाई नाहीं करे के चाही। अगर कबौ वैक्स के कारन कान में भारीपन आ भरल-भरल लगत बा तs कान के घर पs साफ क‌s सकेनी । कई बेर वैक्स बढ़ले आ ब्लॉकेज होखे पs कान से कम सुनाई देवे लागेला। अइसे में खुद से कान के सफाई बिल्कुल ना करीं।

कवन तरह से करीं कान के साफ

सबसे पहिले एगो साफ सूती कपडा ले लेंईं। अब कान में कवनो बेबी ऑइल के कुछ बूंद डालीं आ थोड़ी देर खातिर अइसे ही छोड़ देंईं। अब कपड़ा से धीरे-धीरे कान में जमल एक्स्ट्रा वैक्स के निकले के कोशिश करीं।

कान के सफाई करत घरी एs चीजन के इस्तेमाल ना करीं

*धारदार चीज

*ईयरबड्स

*ईयर कैंडल

 

 

 

909160cookie-checkकाने में इंफेक्शन होखला पs दिखेला ई लक्षन, जानीं घर में वैक्स के क्लीन क‌इले के सही तरीका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.