[the_ad_group id="30365"]

CPL 2024: पाकिस्तानी गेंदबाज के फेर बजल बैंड, आखिरी ओवर में टीम हारल मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Caribbean Premier League 2024 : जब भी दुनिया के बेहतरीन गेंदबाजन के बात होखेला तs पाकिस्तान के तथाकथित विशेषज्ञ अपना देश के गेंदबाजन के नाम सबसे ऊपर राखेले। हालांकि शीर्ष पs नाम होखे आ ओह गेंदबाजन से टॉप परफॉर्मेंस पावे में दुनिया के अंतर बा. पूरा दुनिया में खेलल जाए वाला टी-20 लीग में एह लोग के गेंदबाज पिटाई हो जालें. पिछला कुछ आईसीसी टूर्नामेंट में एह लोग के गेंदबाज कवनो कमाल के काम नइखन कइले बाकिर तबहियों विश्वस्तरीय गेंदबाजी के ढिंढोरा पीटेला, जइसे ग्लेन मैकग्रा जइसन गेंदबाज ओह लोग से प्रशिक्षण ले के अपना देश खातिर खेलले होखस.

ओने वेस्टइंडीज में खेलल जा रहल कैरेबियन प्रीमियर लीग में पाकिस्तान के एगो गेंदबाज के बहुते हरा दिहल गइल बा. एह गेंदबाज के थर्ड क्लास गेंदबाजी के चलते उनुका टीम के ऊ मैच हारे के पड़ल जवन ऊ जीतले रहुवे. ई गेंदबाज दोसर केहू ना बलुक मोहम्मद आमिर हउवें. ऊ उहे मोहम्मद आमिर हउवें जे हालही में रिटायरमेंट से लवटल बाड़न आ पाकिस्तान खातिर विश्व कप भी खेलले बाड़न. पाकिस्तान एह तरह के गेंदबाजन के टॉप ग्रेड में शामिल करेला, टीम के जीतल मुकाबला में हार देवावे के बाद गेंदबाज के पाकिस्तान टॉप ग्रेड में शामिल करेला.

असल में दरअसल कैरिबियन प्रीमियर लीग में एंटीगुआ एंड बारबुडा फाल्कन्स आ गुयाना अमेजन वॉरियर्स के बीच भइल रहे. एह मैच में एंटीगुआ एंड बारबुडा फाल्कन्स के स्थिति बहुते बढ़िया रहल आ गुयाना अमेजन वॉरियर्स के जीते खातिर आखिरी ओवर में 16 रन के जरूरत पड़ल आ ऊ 7 गो विकेट गँवा चुकल रहुवे. सभे सोचत रहे कि एंटीगुआ आ बारबुडा फाल्कन्स एह मैच में आसानी से जीत जइहें बाकिर एकरा उलट मोहम्मद अमीर अपना टीम के मैच हारवा दिहलन. आखिरी ओवर में ड्वेन प्रिटोरियस 18 रन बनवले आ उनुकर टीम 3 विकेट से मैच जीत लिहलस.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]