[the_ad_group id="30365"]

Durga Khote: अपना जमाना के मशहूर अभिनेत्री रहलीं दुर्गा खोटे, पति के मौत बदललस उनकर जिनगी, फिल्मन के ओर बढ़ल रुझान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेत्री दुर्गा खोटे आज कवनों पहिचान के मोहताज नइखी । उ हिंदी आ मराठी फिल्मन के प्रसिद्ध आ बेजोड़ अभिनेत्री रहलीं, जिनका अभिनय के दर्शकन के हरमेस प्यार मिलल। अभिनेत्री दुर्गा खोटे  सिनेमा में कईगो हिट फिल्म दिहली । दुर्गा खोटे  कईगो नाटकनो में अभिनय कईली आ फिल्मन आ फ़िल्म इंडस्ट्री के लेके सामाजिक रूढ़ियन के खतम करे में अहम भूमिका निभवली। अभिनेत्री दुर्गा खोटे ओह लोकप्रिय हस्तियन में से एगो बाड़ी, जे महिला लोग ख़ातिर  प्रेरणा बनली।

दुर्गा खोटे-फोटो: सोशल मीडियाआज दुर्गा खोटे की जयंती हs। उनका जन्म 14 जनवरी 1905 के दिने भइल रहे। उनकर शुरुआती जीवन बहुते संघर्षन से भरल रहे। बहुते कमे  उमिर में उनकर बियाह हो गईल रहे बियाह के कुछे साल के बादे  उनकर पति के निधन हो गईल। दुर्गा बहुते कमें उमिरे में बहुते दुख देखली। पति के मउत के बाद दुर्गा पs दु गो लइकन के पाले-पोसे के जिम्मेवारी आ गईल, जेकरा बाद उ फिल्मन में आपन हाथ अजमावे के सोंचली आ फिल्मी दुनिया के राह पकड़ लिहली ।
दुर्गा खोटे-फोटो: सोशल मीडिया

 

दुर्गा खोटे मूक फिल्मन से अपना फिल्मी करियर के शुरुआत कइली। ई उ  दउर रहे, जब बोलत  फिल्मन के शुरुआत भइल रहे। पईसन के कमी के चलते दुर्गा एगो मूक फिलिम में किरदार के स्वीकार कइली। ओह फिलिम  में दुर्गा के किरदार के समय खाली 10 मिनट के रहे, जवना चलते उनका ओह फिल्म के कहानी के बारे में कुछो पाता ना रहे । फिल्म रिलीज भइल तs खराब कहानी आ कंटेंट के चलते  दुर्गा के सामाजिक आलोचना के सामना करे पड़ल रहे। एकरा बाद निर्देशक वी शांताराम के नजर दुर्गा पर परल। उ अपना फिलिम ‘अयोध्येचा राजा’ में उनका के मुख्य पात्र ‘तारामती’ के किरदार निभावे के प्रस्ताव दिहले। दुर्गा के ई फिल्म रातोंरात स्टार बना गईल।
दुर्गा खोटेदुर्गा खोटे – फोटो : social media
फिलिम आ धरवाहिकन के कईली निर्माण आ निर्देशन
दुर्गा खोटे  बहुते लामा समय तक लघु फिल्मन, विज्ञापनन, वृत्त चित्रन आ धारावाहिकनो के  निर्माण कइली। दुर्गा खोटे  बरिस 1937 में ‘साथी’ नाम के एगो फिलिम के निर्माण आ ओकर निर्देशनो  कइली । हिंदी फिल्मन में उनके “माई “के  भूमिका ख़ातिर विशेष रूप से ईयाद कईल जाला। फिल्मकार के. आसिफ के बहुचर्चित फिल्म ‘मुगल ए आजम’ में उ मशहूर जोधाबाई के यादगार भूमिका अदा कइले रहली।

दुर्गा खोटे:फोटो सोशल मीडिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]