[the_ad_group id="30365"]

सबेरे के ड्रिंक : विटामिन डी से भरल इ स्मूदी रोज नाश्ता में पी लीं, घुटना के दरद कुछ दिन में दूर हो जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सबेरे के ड्रिंक : विटामिन डी से भरल इ स्मूदी रोज नाश्ता में पी लीं, घुटना के दरद कुछ दिन में दूर हो जाई

How To Make Orange Oats Smoothie: संतरा अउरी जई दुनो अयीसन खाद्य पदार्थ ह, जवना में विटामिन डी के बढ़िया मात्रा होला। विटामिन डी एगो खनिज ह जवन कि आपके हड्डी के मजबूत करेला। अयीसना में जदी आप संतरा अउरी जई के मिला के स्मूदी बना के पी लेनी त आपके शरीर में विटामिन डी के बढ़िया मात्रा मिलेला। जवना से रउरा हड्डी में दरद से छुटकारा पा सकेनी। एकरा अलावे संतरा में भी विटामिन सी के बढ़िया मात्रा होखेला, एहसे ए स्मूदी के सेवन से आपके त्वचा के चमक अउरी चमक बढ़ावे में भी मदद मिलेला। अइसना में आज हमनी के लेके आइल बानी जा ऑरेंज ओट्स स्मूदी बनावे के रेसिपी। ई स्मूदी स्वादिष्ट आ पोषक तत्व से भरल होला। रउवा एकरा के नाश्ता में मात्र 5 मिनट में बना सकेनी आ पी सकत बानी, त आईं जानल जाव कि ऑरेंज ओट्स स्मूदी कईसे बनावल जाला…..

ऑरेंज ओट्स स्मूदी बनावे खातिर जरूरी सामग्री-

रोल्ड ओट्स आधा कप

ऑरेंज जूस एक कप

सेब आ केला एक

बादाम तनी सा

ऑरेंज ओट्स स्मूदी बनावे खातिर सबसे पहिले जई के बढ़िया से धोवे के होई। एकरा बाद आप एकरा के पानी अउरी एक चौथाई कप संतरा के रस में करीब 8-10 घंटा तक भिगो दी।एकरा बाद जई, केला आ सेब के टुकड़ा के ब्लेंडर जार में डाल दीं।एकरा बाद एकरा में नट्स अउरी संतरा के रस डाल के पीस के महीन स्मूदी बना ली| अब राउर ऑरेंज ओट्स स्मूदी तैयार हो गईल बा।

(अस्वीकरण: इहाँ दिहल जानकारी घरेलू उपाय अउरी सामान्य जानकारी पे आधारित बा। एकरा के अपनावे से पहिले मेडिकल सलाह लेवे के होई। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नईखे करत।)

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]