[the_ad_group id="30365"]

इ हेल्दी टेस्टी चाट आंत के गंदगी के पूरा तरीका से खतम क दिही, शाम के नाश्ता में एकरा के जरूर शामिल करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इ हेल्दी टेस्टी चाट आंत के गंदगी के पूरा तरीका से खतम क दिही, शाम के नाश्ता में एकरा के जरूर शामिल करीं

चना के दाल के चाट : सांझ होखे के साथे अधिकतर लोग के कुछ मसालेदार खाए के मन करेला। कुछ लोग के साँझ के चाय के साथे समोसा आ कुछ पकौड़ा खाइल पसंद बा। अगर रउवा रोज एकही प्रकार के स्नैक्स खा के तंग आ गईल बानी त आज हमनी के रउवा खातिर स्वादिष्ट चना दाल चाट लेके आईल बानी जा। एकरा के आप घर में बहुत आसानी से बना के खा सकतानी। एकरा के खईला से आपके मोटापा ना बढ़ी। एकरा के खइला से राउर पेट भी साफ हो जाई। कुछ लोग के रोज शौचालय जाए के पड़ेला अउरी लंबा समय तक बईठे के पड़ेला। हमनी के ई रेसिपी अइसन लोग खातिर मददगार साबित हो सकेला। एकरा के उबलल चना दाल आ कई तरह के मसाला आ चटनी के इस्तेमाल से बनावल जाला। चना के दाल की चाट के एगो साधारण रेसिपी पेश बा-

चना दाल चाट के सामग्री :-
1 कप चना दाल, रात भर भिगो के रक्खी ओकरी बाद नरम होखे तक उबाल लीं|
1 छोट प्याज, बारीक कटल
1 छोट टमाटर, बारीक कटल
1 छोट खीरा, बारीक कटल
1 हरियर मिरचा, बारीक कटल
1 चम्मच कटल धनिया के पत्ता
1/2 चम्मच भुना जीरा पाउडर
1/2 चम्मच चाट मसाला
स्वाद के हिसाब से नमक
1 चम्मच नींबू के रस
इमली के चटनी आ हरियर चटनी परोसे खातिर

चला दाल चाट बनावे के तरीका :
एगो बड़ कटोरी में उबलल चना दाल, कटल प्याज, टमाटर, खीरा, हरियर मिरचा आ धनिया के पत्इ मिला लीं।
एक कटोरी में भुनाइल जीरा पाउडर, चाट मसाला आ नमक डाल के बढ़िया से मिला लीं।
एकरी ऊपर नींबू के रस छिड़क के एकरा के बढ़िया से मिला लीं।
एगो परोसे के थाली में चाट निकाल के कुछ अउरी धनिया के पत्ता से सजा लीं।
चना दाल चाट इमली के चटनी आ हरियर चटनी के साथे परोसीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]