[the_ad_group id="30365"]

टीम इंडिया के विक्ट्री परेड में दर्जन फैन्स भइले घायल, सांस लेले में तकलीफ; सड़क पs बिखरल जूता-चप्पल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

टीम इंडिया के जीत के बाद मुंबई में विजय परेड के आयोजन कईल गईल। एह मौका पs लाखों क्रिकेट प्रशंसक मुंबई के सड़क पs जुटल रहले। भीड़ के चलते लोग के बहुत समस्या के सामना करे के पड़ल। विक्ट्री परेड के दौरान भारी भीड़ के चलते बहुत क्रिकेट प्रशंसक के स्वास्थ्य भी बिगड़ गईल। एकरा अलावे बहुत क्रिकेट प्रशंसक भी घायल हो गईले। पुलिस कवनो तरीका से जल्दी से घायल लोग के भीड़ से बचा के अस्पताल ले गईल, जहां ओ लोग के इलाज भईल। कुछ लोग के इलाज अबो चलता।

विजय परेड में लाखन प्रशंसक भाग लिहले

असल में टी-20 विश्व कप में टीम इंडिया के जीत के बाद मुंबई में जीत के परेड के आयोजन भईल। एह जीत के परेड में भाग लेबे खातिर लाखों क्रिकेट प्रेमी बरखा के बीच सड़कन पs जुटल रहले. हालात अइसन रहे कि हर जगह लोग लउकत रहे। साथही टीम इंडिया के जीत के जश्न मनावे आइल लोग के बहुते समस्या के सामना करे के पड़ल. इहाँ के भारी भीड़ के चलते बहुत प्रशंसक घायल हो गईले तs कुछ लोग के साँस लेबे में परेशानी भइल.

मुंबई पुलिस के मुताबिक विजय परेड के दौरान 10 लोग के स्वास्थ्य के खराबी के चलते इलाज खातीर नजदीकी सरकारी अस्पताल पहुंचावल गईल। इहाँ आठ लोग के इलाज कs तुरंत छुट्टी दे दिहल गईल, जबकि दु लोग के इलाज खातीर भर्ती करावल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]