[the_ad_group id="30365"]

Gopalganj News: चलत कार पऽ पलटल सीमेंट लदल ट्रक, महिला दारोगा आ चालक के मौत; पुलिस डिपार्टमेंट में हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gopalganj News: गोपालगंज में बियफे के चलत कार पs सीमेंट लदल ट्रक पलट गइल। एह भीषण सड़क हादसा में महिला दारोगा आ चालक के मौत हो गइल। ई हादसा सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के लगे भइल। मृतक दारोगा सतिभा कुमारी बेगूसराय जिला के नीमा चांदपुरा थाना क्षेत्र के परना गांव के निवासी रहली। पुलिस मामला में तफ्तीश शुरू कऽ देले बिया।

बियफे के भोरे सीमेंट के बोरियन से लदल एगो ट्रक अनियंत्रित होके कार पs पलट गइल। एकरा से कार में सवार महिला दारोगा सतिभा कुमारी आ निजी चालक के मौत हो गइल। क्रेन के मदद से देर शाम दुनु शव के बाहर निकालल गइल।

जिला के सिधवलिया थाना क्षेत्र के सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के सामने एनएच-27 पs ई हादसा भइल बा।

कइले भइल इ हादसा

जानकारी के अनुसार, सिधवलिया थाना के महिला हेल्प डेस्क के इंचार्ज दारोगा सतिभा कुमारी निजी कार से निजी चालक सिधवलिया थाना क्षेत्र के ब्रह्मपुरवा शेर निवासी मंजय कुमार के साथे न्यायालय संबंधित कार्य खातिर कार से गोपालगंज शहर आवत रहली।

हादसा में दुनु दब गइले, पुलिस महकमा में हड़कंप

एही बीच सिधवलिया थाना क्षेत्र के सदौवां में सर्वोदय उच्च विद्यालय सह इंटर कॉलेज के सामने एनएच-27 पs अनियंत्रित सीमेंट लदल ट्रक उनकर कार पs पलट गइल। एह हादसा में दुनु जना दब गइलें।

उहे, देर शाम तक दारोगा आ निजी चालक के लापता होखे के सूचना पs पुलिस महकमा में हड़कंप मच गइल।

देर शाम क्रेन के मदद से ट्रक के हटावल गइल तऽ दुनु शव बरामद भइल। मृतक दारोगा सतिभा कुमारी बेगूसराय जिला के नीमा चांदपुरा थाना क्षेत्र के परना गांव के निवासी रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]