दूरदर्शन के मशहूर न्यूज एंकर गीतांजलि अय्यर के निधन

Anurag Ranjan

दूरदर्शन के जानल मानल एंकर गीतांजलि अय्यर के बुध के 7 जून के निधन हो गइल। ऊ दूरदर्शन पs पहिला इंग्लिश एंकरन में से एगो रहली। उनका निधन के खबर के बाद से पत्रकारिता जगत में शोक के लहर बा। ऊ 30 से बेसी बरिसन तक दूरदर्शन पs एंकरिंग कइले रहली आ पत्रकारिता के क्षेत्र में कइयन गो कीर्तिमान स्थापित कइले रहली। उनका के चार बेर सर्वश्रेष्ठ एंकर के पुरस्कार दिहल गइल रहे।

अय्यर के उनकर उत्कृष्ट कार्य, उपलब्धियन आ जोगदान खातिर 1989 में उत्कृष्ट महिला लोगन खातिर इंदिरा गांधी प्रियदर्शिनी पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल रहे। ऊ अंग्रेजी में स्नातक के डिग्री पूरा कइला के बाद कोलकाता के लोरेटो कॉलेज से स्नातक कइले रहली। ऊ नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से डिप्लोमा कइले रहली।

गीतांजलि दूरदर्शन में एंकरिंग के करीब 30 बरिसन के बाद कॉर्पोरेट संचार, सरकारी संपर्क आ मार्केटिंगो में काम कइले रहली। ऊ भारतीय उद्योग परिसंघ (CII) में सलाहकारो बनली। ऊ धारावाहिक “खानदान” में काम कइले रहली।

आउर पढ़ी: रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह बोललें: 2024 में पहिले से जादे एनडीए के मिले वाला बा बहुमत, जनता के भरोसा PM के साथे

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।