खेलत-खेलत वॉशिंग मशीन में जा घुसल लईका.. दूसर लईका क दिहलस स्विच ऑन! फेरु जउन भइल….

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 9, 2023

  आजकाल सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना में दु लईका एक दूसरा के संगे खेलत देखाई देतारे। दुनो वाशिंग मशीन के आसपास देखाई देतरे। जवना में से एगो वाशिंग मशीन

Share

 

आजकाल सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना में दु लईका एक दूसरा के संगे खेलत देखाई देतारे। दुनो वाशिंग मशीन के आसपास देखाई देतरे। जवना में से एगो वाशिंग मशीन के भीतर घुस जाला।

सोशल मीडिया के दौर में अइसने बहुत कुछ देखे के मिलेला जवना के देखला के बाद लोग हैरान हो जाला। हाल ही में एह तरह के वीडियो वायरल हो रहल बा, जवना के देख के सभे हैरान हो रहल बा। खासकर जब बात होखे लइकन के बारे में कवनो तरह के बात होखे त फेर अचरज के बात तय बा। माता-पिता के भी लइकन खातिर बहुत सावधान रहे के चाहीं, ना त खेलत घरी ओह लोग के बहुत खतरा हो सकेला। एही से समय-समय पs ओह लोग पs नजर राखल जाव। हालही में सोशल मीडिया पs वायरल भइल एगो वीडियो में लापरवाही के कहानी बतावल गइल ।

 

दु लईका एक संगे खेलत देखाई देतारे जवन कि सोशल मीडिया पs वायरल होखता। दुनु जने एक दोसरा के साथे खूब मस्ती करत लउकत बाड़े। वाशिंग मशीन के लगे दु लईका खेलत देखाई देतारे। ओहमें से एगो हँसत-हँसत वाशिंग मशीन में घुस जाला। दूसरका वाशिंग मशीन चालू कर देला। इ घटना कहां से भईल अभी तक पता नईखे चलल। वीडियो देख के समझल जाता कि स्थिति कबहूँ खतरनाक हो सकत रहे।

संजोग से छोट-छोट लापरवाही से बड़हन दुर्घटना हो सकेला। एहमें कवनो संदेह नइखे कि ई वीडियो देखे में मजा आ सकेला बाकिर एहसे लइका के जान चल सकत रहे। सोशल मीडिया पs इ वीडियो देखे वाला लोग सलाह देतारे कि माता-पिता के अपना लईका के बारे में हमेशा सतर्क रहे के चाही, ना त उनुका संगे दुर्घटना हो सकता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.