[the_ad_group id="30365"]

फेमस टीचर के नांव पऽ कोचिंग में एडमिशन मत लऽ लो’, Super-30 वाला Anand Kumar के छात्रन को संदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुपर 30 के संस्थापक आनंद कुमार दिल्ली के कोचिंग दुर्घटना पs बेबाक जवाब दे दिहले बाड़न। उऽ कहले बाड़े कि मशहूर शिक्षक के अइसन घटना पs बोले के चाही। एह मुद्दा पs बात होखे के चाहीं। उऽ छात्र लो के एगो संदेशो देले। आनंद कुमार कहले कि छात्र के मशहूर शिक्षक के नांव पs एडमिशन लेवे के बजाय सेल्फ स्टडी पs ध्यान देवे के चाही।

आनंद कुमार एह दुर्घटना पs दुख जतवले आ मशहूर शिक्षक के निशाना बनवले। आनंद कुमार कहले कि बड़ नाम के शिक्षक के आगे आके अइसन घटना पs बोले के चाही, काहेंकी इ उनुकर कर्तव्य हऽ।

समाचार एजेंसी एएनआई से बात करत आनंद कुमार कोचिंग सेंटर के घटना पs बेबाकी से कहले कि, सभे के आपन गलती के स्वीकार करे के सीख लेवे के चाही आ ओकरा के सुधारे के कोशिश करे के चाही।

‘एह मुद्दा पऽ बात होखे के चाही’।

आनंद कुमार बिना केहु के नाम लेले कहले कि हर शिक्षक के अइसन घटना पs बोले के चाही आ कबहूँ एह मुद्दा प बात करे के चाही। जब रउरा हमरा के बोले के आके कहनी त हमार फर्ज रहे कि हम बोलीं।

हम केहु के खिलाफ नइखी, बाकिर…’

उ आगे कहले कि, “हम केहु के खिलाफ नइखी, बाकिर हम सभे के बतावे के चाहऽ तानी कि जदी आपसे गलती भइल बा तऽ ओकरा के सुधारे के कोशिश करीं। अपना गलती के कबूल ना कइल ठीक नइखे। गलती केहु से हो सकऽ ता। बाकिर हमनी के आपन गलती सुधारे के चाही।” गलती करेला अउरी कानून के मोताबिक काम करे के चाहीं”।

आनंद कुमार के विद्यार्थियन के संदेश

सुपर-30 के संस्थापक आनंद कुमार सेल्फ स्टडी के महत्व पs बहुत जोर देले। उऽ कहले कि छात्र के मशहूर शिक्षक के नांव पs एडमिशन लेवे के बजाय सेल्फ स्टडी पs ध्यान देवे के चाही।

उऽ कहले कि, “हम छात्र के एगो संदेश दिहल चाहऽ तानी कि कृपया कवनो कोचिंग संस्थान में दाखिला ध्यान से लीही। जरुरी नइखे कि जवन शिक्षक मशहूर बाड़े उ बढ़िया से पढ़ावे, एहसे शिक्षक के नांव चाहे रिजल्ट पs ध्यान मत दीं। जाँच करीं।” उनकर अध्ययन सामग्री जांच करीं कि कवन शिक्षक रउरा के बेहतर तरीका से समझा सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]