CTET eCertificate: केंद्रीय शिक्षक पात्रता जुलाई परीक्षा के सर्टिफिकेट अइसे करी डाउनलोड, CBSE घोषित कइलस नतीजा 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 1, 2024

केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (CTET) के जुलाई 2024 सत्र के नतीजा केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) बुध, 31 जुलाई के घोषित कs देलस। बोर्ड कक्षा एक से पांच तक अध्यापन खातिर पात्रता खातिर आयोजित पेपर

Share

केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (CTET) के जुलाई 2024 सत्र के नतीजा केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) बुध, 31 जुलाई के घोषित कs देलस। बोर्ड कक्षा एक से पांच तक अध्यापन खातिर पात्रता खातिर आयोजित पेपर 1 aa कक्षा छव से आठ तक खातिर पेपर 2 के आयोजन सात जुलाई के कइले रहे। एकरा बाद बोर्ड प्रोविजिनल आंसर-की 24 जुलाई के जारी करत उम्मीदवारन से ओह लोगन के आपत्तियन के 28 जुलाई (संशोधित) तक आमंत्रित कइले रहे, जवना के समीक्षा के बाद फाइनल आंसर-की आ नतीजा जारी कs दिहल गइल।

अइसन में CBSE के ओर से आयोजित CTET जुलाई 2024 सत्र के पेपर 1 में सम्मिलित होखे खातिर पंजीकरण इल 8,30,242 उम्मीदवारन आ पेपर 2 खातिर पंजीकृत 16,99,823 उम्मीदवारन में से पहिला पेपर में सामिल भइल 6,78,707 कैंडिडेट्स आ पेपर 2 में 14,07,332 अभ्यर्थी आपन परिणाम ऑनलाइन देख सकत बा लो।

उम्मीदवार परीक्षा पोर्टल, ctet.nic.in पs एक्टिव लिंक से आपन रोल नंबर के भरके सबमिट कs के परिणाम देख सकत बा लो। संगही, आपन प्राप्तांको जान सकत बा लो।

सर्टिफिकेट अइसे करी डाउनलोड

हालांकि, CTET जुलाई 2024 सत्र के पेपर 1 में सफल घोषित 1,27,159 उम्मीदवारन भा पेपर 2 में उत्तीर्ण 2,39,120 उम्मीदवारन के ध्यान देवे के चाहीं कि ओह  लोगन के ई-सर्टिफिकेट CBSE के ओर से डिजीलॉकर के माध्यम से जारी कइल जाई। अइसन में सफल उम्मीदवारन के आपन सीटीईटी सर्टिफिकेट डाउनलोड करे खातिर डिजीलॉकर पोर्टल, digilocker.gov.in पs भा एकर मोबाइल एप्प के डाउनलोड कs के आपन आधार नंबर आ मोबाइल नंबर से लॉग-इन करे के होई। लॉग-इन के बाद उम्मीदवार आपन प्रमाण-पत्र डाउनलोड कs सकी लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.