[the_ad_group id="30365"]

Donald Trump: डोनाल्ड ट्रंप अपना पूर्व वकील के खिलाफ दायर कइले मुकदमा, मंगले 50 करोड़ डॉलर के हर्जाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के पूर्व राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप कवनो ना कवनो वजह से चरचा में बनल रहेले। अब ऊ अपना पूर्व वकील के खिलाफ मुकदमा दायर कs के चरचा में आइल बाड़ें। खबर के मोताबिक, डोनाल्ड ट्रंप अपना पूर्व वकील माइकल कोहेन के खिलाफ मुकदमा दायर कs के 50 करोड़ डॉलर के हर्जाना के मांग कइले बाड़ें। ट्रंप ई मुकदमा फ्लोरिडा के यूएस डिस्ट्रिक्ट कोर्ट में दायर कइले बाड़ें। ट्रंप के आरोप बा कि कोहेन अटॉर्नी आ क्लाइंट के बीच के गुप्त समझौता के उल्लंघन कइले बाड़ें।

ट्रंप लगवलें ई आरोप

ट्रंप मुकदमा में माइकल कोहेन पs आरोप लगवलें कि ऊ उनका खिलाफ भ्रामक बात फइला रहल बा, जवना से उनका छवि के भारी नुकसान भइल बा। मुकदमा में आरोप बा कि माइकल कोहेन अपना गलत आचरण से सारा सीमा लांघ देले बाड़े आ ऊ ट्रंप के लगे ओकरा खिलाफ मुकदमा दायर करे के अलावे कवनो चारा नइखे छोड़ले।’

ट्रंप के खिलाफ ममिला में बा गवाह

बता दीं कि हाले में डोनाल्ड ट्रंप पs एडल्ट स्टार स्टॉर्मी डेनियल्स के करोड़न रुपिया भुगतान करे के ममिला में ट्रंप के आरोपी बनावल गइल बा। एह ममिला में माइकल कोहेन ट्रंप के खिलाफ चश्मदीद गवाह बा। कोहेन के गवाही के बादे ग्रैंड ज्यूरी डोनाल्ड ट्रंप के खिलाफ मुकदमा चलावे के मंजूरी देले रहे। जवना के बाद अमेरिकी इतिहास में डोनाल्ड ट्रंप पहिला मवजूदा भा पूर्व राष्ट्रपति बन गइल रहस, जेकरा खिलाफ मुकदमा चली।

कोहेन दावा कइले रहे कि ऊ ट्रंप के तरफ से स्टॉर्मी डेनियल्स के एक लाख 30 हजार डॉलर के भुगतान कइले रहे। ई भुगतान ट्रंप आ स्टॉर्मी के बीच के निजी बातचीत के गुप्त रखला के एवज में दिहल गइल रहे। उल्लेख करे जोग बात बा कि माइकल कोहेन पहिलही टैक्स धोखाधड़ी समेत कइयन ममिलन में दोषी बा आ फिलहाल तीन साल जेल के सजा काट रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]