[the_ad_group id="30365"]

PM मोदी दिहें 71 हजार नवहन के नौकरियन के नियुक्ति पत्र, कर्मयोगी प्रारंभ कोर्स में मिली ट्रेनिंग के मौका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज सबेरे 10:30 बजे वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से लगभग 71,000 नवनियुक्त कर्मियन के नियुक्ति पत्र बटिहें। एह अवसर पs प्रधानमंत्री एह नवनियुक्त कर्मियन के संबोधित करिहें।

का हs रोजगार मेला

दरअसल, प्रधानमंत्री कार्यालय बतवलस कि ई रोजगार मेला, रोजगार सृजन के सर्वोच्च प्राथमिकता देवे के प्रधानमंत्री के प्रतिबद्धता के पूरा करे के दिशा में एगो डेग बा। आस बा कि रोजगार मेला, आ रोजगार सृजन खातिर एगो उत्प्रेरक के रूप में काम करी आ नवहन के ओह लोगन के सशक्तिकरण आ राष्ट्रीय विकास में भागीदारी खातिर सार्थक अवसर प्रदान करी।

एह पदन पs होई भर्ती

बता दीं कि दस भर से चुनल गइल नवनियुक्त कर्मियन के भारत सरकार के तहत ट्रेन मैनेजर, स्टेशन मास्टर, वरिष्ठ वाणिज्यिक लिपिक सह टिकट लिपिक, इंस्पेक्टर, सब इंस्पेक्टर, कांस्टेबल, स्टेनोग्राफर, कनिष्ठ लेखापाल, डाक सहायक, इनकम टैक्स इंस्पेक्टर, टैक्स सहायक, सीनियर ड्राफ्ट्समैन, जेई/सुपरवाइजर, सहायक प्रोफेसर, शिक्षक, पुस्तकालयाध्यक्ष, नर्स, परिवीक्षा अधिकारी, पीए, एमटीएस आ आउर पदन पs काम करे खातिर सामिल कइल जाई।

पिछला साल पीएम मोदी कइले रहस सुरूआत

नवनियुक्त कर्मियन के ‘कर्मयोगी प्रारंभ’ के माध्यम से खुद के प्रशिक्षित करे के अवसरो मिली, जवन अलग-अलग सरकारी विभागन में सब नवनियुक्त कर्मियन खातिर एगो ऑनलाइन उन्मुखीकरण पाठ्यक्रम हs। उल्लेख करे जोग बा कि प्रधानमंत्री पिछला साल 22 अक्टूबर के 10 लाख सरकारी नौकरियन के देवे के अभियान के सुरुआत करत ‘रोजगार मेला’ के पहिला चरण के सुरुआत कइले रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]