Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Donald Trump: कमला हैरिस के सामने बैकफुट पs अइलें डोनाल्ड ट्रंप, मीडिया कवरेजो में पिछड़लें

160
Google Ads 300*250 for posts

कुछ हफ्ता पहिले तक डोनाल्ड ट्रंप अमेरिका के राष्ट्रपति बने के रेस में आगे चलत रहस। पेंसिल्वेनिया के रैली में भइल जानलेवा हमला के बाद तs ट्रंप के लोकप्रियता में जबरदस्त उछाल आइल रहे। हालांकि, जइसही बाइडन राष्ट्रपति पद के रेस से हटलें आ अपना जगह कमला हैरिस के राष्ट्रपति पद के उम्मीदवार बनावे के एलान कइलें तs धीरे-धीरे हालात बदलल सुरू हो गइल। अब इस्थिति ई बा कि ट्रंप बैकफुट पs नजर आ रहल बा आ ऊ मीडिया कवरेज में ऊ कमला हैरिस से पिछड़ गइल बाड़ें।

ट्रंप नीति में कइली बदलाव

हाल के दिनन तक डोनाल्ड ट्रंप, कमला हैरिस पs निजी हमला करत रहस आ उनकर रंग आ उनकर भारतीय आ अफ्रीकी होखे के लेके टिप्पणी करत रहस। हालांकि, उनके पार्टी के कइयन गो नेता ट्रंप के कमला हैरिस पs निजी टिप्पणियन के लेके आगाह कइलें। अब लाग रहल बा कि ट्रंप के ई बात समझ आ गइल रहे तs ऊ निजी हमला छोड़के नीतियन पs बात करे के कोसिस कs रहल बा। हाले में ऊ वेटर्स के मिलने वाली टिप पs टैक्स खतम करे के बात कहलें। संगही नेवादा में हिस्पैनिक मतदाता लोगन के लुभावे के कोसिस कs रहल बा लो। दरअसल, राष्ट्रपति चुनाव में नेवादा राज्य के भूमिका अहम होई।

मीडिया कवरेज में पिछड़ल ट्रंप

राष्ट्रपति पद के रेस में बतौर निर्दलीय चुनाव लड़ रहल रॉबर्ट एफ कैनेडी हाले में उम्मीदवारी से हटे के फैसला कइले बा। संगही ऊ ट्रंप के समर्थन देवे के एलान कइलें। हालांकि, ट्रंप के एकर फायदा मिलत नइखे दिख रहल। मीडिया कवरेज में ट्रंप कमला हैरिस से पिछड़ गइलें। खास कs के हाले में शिकागो में भइल डेमोक्रेटिक पार्टी के कन्वेंशन के दौरान कमला हैरिस सुर्खियन में बनल रहली। संगही कन्वेंशन के दौरान कमला हैरिस जवन संबोधन देलीं, ओकरो तारीफ भइल।

कन्वेंशन के दौरान ट्रंप सोशल मीडिया पs पोस्ट साझा कs कमला हैरिस के आलोचना करे के कोसिस कइलें, बाकिर मीडिया उनका के जादे भाव ना देलस। राजनीति के जानकारन के माने के बा कि डोनाल्ड ट्रंप ई समझ रहल बाड़ें। फंड जुटाने के ममिला में ट्रंप, कमला हैरिस से पिछड़ गइल बाड़ें। हालिया सर्वे में साफ बा कि कमला हैरिस ट्रंप पs बढ़त बना लेले बाड़ें। अब देखे वाला बात ई बा कि का कमला हैरिस के ई बढ़त बरकरार रहत बा ट्रंप फेर मजबूत होके उभरत बाड़ें।

938850cookie-checkDonald Trump: कमला हैरिस के सामने बैकफुट पs अइलें डोनाल्ड ट्रंप, मीडिया कवरेजो में पिछड़लें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.