[the_ad_group id="30365"]

Assembly Elections : जम्मू-कश्मीर आ हरियाणा चुनाव खातिर तैनात होई लो 400 पर्यवेक्षक, सीईसी देलें ई हिदायत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनाव आयोग जम्मू-कश्मीर आ हरियाणा विधानसभा चुनावन खातिर तैनात कइल जा रहल 400 से जादे पर्यवेक्षकन से बियफे के कहलस कि ऊ निर्वाचन प्रक्रिया के दौरान फर्जी बयानन से सतर्क रही लो। आयोग पर्यवेक्षकन के सलाह देले बा कि ऊ चुनाव प्रक्रिया के पटरी से उतारे के कोसिस करे वाला बयानन के त्वरित जवाब सुनिश्चित करे लो।

मुख्य चुनाव आयुक्त राजीव कुमार एह बात पs जोर देलें कि आयोग के प्रतिनिधि के रूप में उनका से ई अपेक्षा कइल जात बा कि ऊ पेशेवर तरीका से आचरण करे लो। संगही उम्मीदवारन आ आम जनता सहित सब हितधारकन खातिर सुलभ रहे। ऊ पर्यवेक्षकन के भाषा संबंधी बाधा के दूर करे के सलाह देत कहलें कि संचार में कवनो बाधा ना होखे। ऊ पर्यवेक्षकन के इयाद दिलवलें कि ऊआग पार्टियन, उम्मीदवारन, मतदाता आ चुनाव आयोग के निगरानी में रही लो। जम्मू-कश्मीर आ हरियाणा में करीब 200 सामान्य पर्यवेक्षक, 100 पुलिस पर्यवेक्षक आ एतनही व्यय पर्यवेक्षक तैनात कइल जा रहल बा।

चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार एह बात पs जोर देलें कि अधिकारियन के स्वतंत्र आ निष्पक्ष चुनाव खातिर पूरा चुनाव तंत्र के निरीक्षण करे के चाहीं। विधानसभा चुनावन में कड़ा प्रतिस्पर्धा के देखत ऊ कहलें कि एह चुनावन में पर्यवेक्षकन के भूमिका अउरियो महत्वपूर्ण हो जाला। चुनाव आयुक्त सुखबीर सिंह संधू कहलें कि चुनावन के संचालन के बेहतर बनावे खातिर सुगमता, दृश्यता आ जवाबदेही जरूरी बा। आईएएस, आईपीएस, आईआरएस आ आ आउर केंद्रीय सेवा के अधिकारियन के पर्यवेक्षक के रूप में तैनात कइल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]