[the_ad_group id="30365"]

सुल्तानपुर के गांव में 7 समुंदर पार से आइल दुल्हन, फ्रांस में पढ़ाई के दौरान परवान चढ़ल रहे प्यार, अब रचवले शादी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सात समुंदर के पार से एगो विदेशी दुल्हिन सुल्तानपुर में उतरल बिया। फ्रांस के निवासी नीना सेलाडा इहाँ के एगो गांव में पतोह के रूप में आइल रहली। स्कॉलरशिप पs पढ़ाई करे गईल शुभंकर नाम के युवक के फ्रांस में पढ़त-पढ़त प्यार हो गइल। फेर उनकर आ सेलाडा के बियाह हो गइल। दुनों के बियाह बौद्ध रीति रिवाज के मुताबिक भइल रहे।

शुरू से पढ़ाई में स्मार्ट रहल शुभंकर स्वर्ण पदक विजेता हउवें। नवोदय में टॉप कइला के बाद शुभंकर पश्चिम बंगाल के विश्व भारती विश्वविद्यालय से ललित कला में स्नातकोत्तर के डिग्री लिहलें। शुभंकर के फाइन आर्ट में ऑल इंडिया फर्स्ट रैंक पावे खातिर छात्रवृत्ति मिलल आ ओकरा बाद 2020 में पढ़े खातिर फ्रांस चल गइलन।

पढ़ाई पूरा कइला का बाद शुभंकर ओहिजा काम करे लगलन। शुभंकर के मुलाकात नीना सेलाडा से भइल आ दुनु के दोस्ती का बाद प्यार खिलल। तब दुनु जाना बियाह करे के फैसला कइले। बितला दिन पखवाड़ा नीना सेलाडा अपना माई वेरोनिका आ अउरी रिश्तेदारन का साथे भारत चहुँप गइली। एह हफ्ता सेलाडा के बियाह बौद्ध संस्कार का मुताबिक सारनाथ में सुभंकर प्रकाश भारतीय से भइल।

परिवार अवुरी रिश्तेदार के आशीर्वाद से सारनाथ में बियाह कइला के बाद नवविवाहित जोड़ा सड़क मार्ग से पखरौली खाती रवाना हो गइले। गाँव के लोग पतोह के आशीर्वाद देले। इ बियाह ए क्षेत्र में चर्चा के विषय बनल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]