[the_ad_group id="30365"]

घरेलू शेयर बाजार में भइल बंपर तेजी, सेंसेक्स 1000 अंक उछलल, निफ्टी 18275 के भइल पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय शेयर बाजार 2 लगातार सत्र में गिरावट के बाद जबरदस्त वापसी कइलस। सुक्क के दिन बाजार खुलतही सेंसेक्स 61 हजार के पार पहुंच गइल। हफ्ते के आखिरी कारोबारी दिन बाजार में 1000 अंक से अधिक के उछाल आइल बा। जबकि निफ्टी भी  18300 के लेवल पार कs लिहलस। फिलहाल 11 बजकर 42 मिनट पर सेंसेक्स 1029.66 अंक के बढ़त के साथ सेंसेक्स 61,643.36 अंक के स्तर कारोबार कs रहल बा। उहवें निफ्टी 285.85 अंक के बढ़त के साथ 18314.05 अंक पर ट्रेड कs रहल बा।
सुक्क के सेंसेक्स 697 अंक तेजी के संगे 61311 रुपया के स्तर पर ओपन भइल। उहवें निफ्टी 244 अंक चढ़ के 18272 अंक के स्तर पर खुलल। बैंक निफ्टी भी 559 अंक के बढ़त के साथ 42163 अंक के स्तर पर खुलल। सुक्क के दिन शुरुआती कारोबार में जोमैटो के शेयर में 10% के मजबूती दिखल, जबकि अपोलो हॉस्पिटल के शेयर चार प्रतिशत तक उछलल।
ओंने, अमेरिकी शेयर बाजार में बियफ़े के भी बंपर तेजी दिखल। महंगाई में राहत मिलले से अमेरिकी शेयर बाजार मजबूत भइल अउर डाऊ जोंस 1201 अंक के मजबूती के साथ बंद भइल। एकरे असर से एसजीएक्स निफ्टी 18400 के पार पहुंच के मजबूती के संगे कारोबार कर रहल बा।

रुपया डॉलर के मुकाबिला 110 रुपया के तेजी के साथ खुलल

Rupee Vs Dollar
सुक्क के डॉलर के मुकाबले रुपया 110 पइसा के उछाल के साथ 80.71 के स्तर पर ओपन भइल। ई सात हफ्ता के उच्चतम स्तर ह, जबकि पिछले नौ साल में ई रुपया के सबसे बड़ ओपनिंग ह। ई सितंबर 2013 के बाद रुपया पहिला बेर एतना मजबूती के साथ खुलल।

विप्रो, टेक महिंद्रा, इंफोसिस अउर एचसीएल टेक समेत ई सब शेयर रहल सेंसेक्स के टॉप गेनर

शेयर बाजार
सेंसेक्स के शेयरन में विप्रो, टेक महिंद्रा, इंफोसिस, एचसीएल टेक, इंडसइंड बैंक, टाटा स्टील, टीसीएस अउर बजाज फिनसर्व लगभग 2-3.5% के बढ़त के साथ टॉप गेनर रहल। उहवें, बजाज फाइनेंस, एलएंडटी, टाइटन, एसबीआई, अल्ट्राटेक सीमेंट, आईसीआईसीआई बैंक अउर मारुति भी बढ़त के साथ खुलल। निफ्टी आईटी में 2.94% अउर निफ्टी पीएसयू बैंक में 1.63% के तेजी आइल। निफ्टी फाइनेंशियल सर्विसेज अउर निफ्टी ऑटो भी बढ़त के साथ खुलल। जबकि व्यापक बाजार निफ्टी में निफ्टी मिडकैप 1.02% अउर स्मॉलकैप 1.06% के बढ़त के साथ कारोबार करत दिखल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]